भागलपुरी सिल्क

भागलपुरी सिल्क भा तसर रेशम एक किसिम के रेशम के साड़ी हवे जे भारतीय राज्य बिहार के भागलपुर में बनावल जाला।[1] ई सिल्क पारंपरिक रेशमी साड़ी बनावे के शैली हवे आ एह तरीका से बनल साड़ी के भागलपुरी साड़ी कहल जाला। एही कारण भागलपुर के "सिल्क सिटी" (रेशम नगरी) के नाँव से जानल जाला। ईहे भर ना, एह रेशम से बनल साड़ी के "क्वीन ऑफ़ आल फैब्रिक्स" (सगरी परिधान सभ के रानी) के दर्जा दिहल गइल बाटे।[2]
भागलपुरी रेशम Antheraea paphia नाम के रेशमकीट के कोया (कोकून) से बनावल जाला।[3] एह प्रजाति के जंगली रेशमकीट भी कहल जाला आ ई भारते क मूल निवासी हवे। ई रेशमकीट जंगल में टर्मिनेलिया प्रजातिन के पेड़न पर रहे ला। भागलपुर के चंपानगर (नाथनगर) भागलपुरी रेशम के प्रोसेसिंग के प्रमुख केंद्र हवे। भागलपुरी रेशम से खाली साड़िये ना, बलुक शॉल, कुर्ती, चद्दर, कुर्ता, गमछा आ कई तरह के दूसर कपड़ो बनावल जालें।
भागलपुरी साड़ी
[संपादन करीं]भागलपुरी रेशम से बने वाला मुख्य परिधान/कपड़ा भागलपुरी साड़ी हवे। एह उद्योग के सालाना कारोबार लगभग 100 करोड़ रुपया बा, जवना में से लगभग आधा हिस्सा निर्यात (एक्सपोर्ट) से आवेला। भागलपुरी साड़ी के भौगोलिक संकेत (जीआइ टैग) मिल चुकल बा।
भागलपुरी रेशमी साड़ी बनावे के इतिहास करीबन 200 साल पुरान बा। एकर शुरुआत कुशल कारीगरन द्वारा कइल गइल रहे। भागलपुरी रेशमी साड़ी के रंगाई के खास तरीका एकरा के साधारण आर्ट सिल्क के साड़ी से अलग पहचान देला।
आजकल एह साड़ी के रंगाई में वनस्पति से बने वाला प्राकृतिक रंग के जगह एसिड रंग (एसिड डाई) के इस्तमाल कइल जाला, काहे कि ई रेशम खातिर सही होलें आ बजार में आसानी से मिल जालें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Márquez, F.P.G.; Lev, B.; Liao, H. (2025). Outsourcing Using Operations Research and Management Science Methods: From Theory to Practice. International Series in Operations Research & Management Science. Springer Nature Switzerland. p. 259. ISBN 978-3-031-91845-2. Retrieved 6 July 2026.
- ↑ Yan, Xinfeng; Chen, Lihong; Memon, Hafeezullah (8 February 2022). Textile and Fashion Education Internationalization: A Promising Discipline from South Asia. Springer Nature. ISBN 978-981-16-8854-6. Retrieved 6 July 2026.
- ↑ Malhotra, Nishi (24 July 2024). Sustainable Pathways: The Role of Indigenous Tribes and Native Practices in India's Economic Model. Emerald Group Publishing. ISBN 978-1-83549-490-5. Retrieved 6 July 2026.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| ई बिहार से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |