भरुआ पकवान

विकिपीडिया से
(भरवाँ पकवान से अनुप्रेषित)

भरुआ पकवान चाहे भरुआँ पकवान (अंग्रेजी: stuffed food चाहे filled food) पकवान सभ के अइसन किसिम हवे जेह में कौनों खाए वाला मिक्सचर बना के ओकरा के एगो दुसरे खाए वाला खोल में भर के पकावल जाला। अंग्रेजी में इनहन के स्टफ्ड चाहे फिल्ड फ़ूड कहल जाला। भरल जाए वाला सामग्री के स्टफिंग चाहे फिलिंग कहल जाला। ई शाकाहारी आ माँसाहारी दुनों किसिम के व्यंजन हो सके लें आ भराँव के सामग्री चाहे जेह में भरल जा रहल होखे उहो, दुनों में से कौनों भी मांसाहारी चीज हो सके ला।

आटा आ आटा नियर चीजन के खोल बना के ओह में भराँव भर के पकावल जाए वाले पकवान सभ के डंपलिंग (dumpling) कहल जाला। ई एही भरुआ पकवान सभ के उपकटेगरी हवे।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]