भजन

भजन भारतीय धार्मिक पंथ सभ आ भारतीय आध्यात्मिक बिचार सभ से जुड़ल शब्द ह। ई आमतौर प अइसन गीत होखे लें जे कौनों देवी-देवता, ईश्वर चाहे आध्यात्मिक शक्ति खातिर आदर, सरधा, चाहे पूजा के भाव से भरल होखे लें।[1] ई कवनो भाषा में हो सके लें।[2]
संस्कृत भजनम् के मतलब श्रद्धा चाहे पूजा होला, आ ई “भज्” धातु से बनल बा,[3] जवन के मतलब होखे ला—पूजा कइल, आदर कइल, आ सरधा देखावल; जइसे “भज गोविन्दम्” (गोविन्द के भजऽ/पूजा करऽ)।
भजन, अइसन गीतवनों सभ के कहल जाला, आ एकरे अलावा अइसन कार्यक्रम भा आयोजन सभ के भी भजन कहल जाला जिनहन में एक ठो भा एक से बेसी गायक लोग अइसन गीत गावे लें। अइसन आयोजन सभ में कई बेर नाचो सामिल हो सके ला।[4] आमतौर पर भजन में तबला, ढोलक या खंजड़ी जइसन ताल वाद्य के संगत दिहल जाला। छोट हाथ में पकड़े वाला झाल (मंजीरा) आ झांझ (करताल) के इस्तेमाल भी ताल देवे खातिर इस्तेमाल होखेला, कुछ न होखला पर खाली भर हाथ से ताली दे संगत कइल जा सके ला। भजन मंदिर में, घर में, पेड़ के नीचे खुले जगह में, नदी किनारे, या कवनो ऐतिहासिक जगह पर गावल जा सकेला। भजन गावे वाला समूह के मंडली कहल जाला।[5]
एकरे अलावा भारतीय संगीत में तीन गो मुख्य बिभाजन कइल गइल हवे - शास्त्रीय, लोक संगीत आ सुगम संगीत - भजन इनहन में से सुगम संगीत आ लोक गीत शैली के हिस्सा मानल जाला। मने की ई भारतीय संगीत के एगो बिधा (जौनर) भा शैली (इस्टाइल) के रूप में भी गिनल जाला।
“भजन” शब्द के मतलब साझा कइल भी होला। आ गणित में भाग देवे के क्रिया के भी भजन भा भाजन कहल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ McGregor, R. S. (Ronald Stuart) (1993). "The Oxford Hindi-English dictionary". dsal.uchicago.edu.
- ↑ James G. Lochtefeld (2002). The Illustrated Encyclopedia of Hinduism: A-M. The Rosen Publishing Group. p. 97. ISBN 978-0-8239-3179-8.
- ↑ विलियम्स, मोनियर. "MW Cologne Scan". IITS Koeln (Norwegian में). Retrieved 23 April 2026.
- ↑ Arnold P. Kaminsky; Roger D. Long (2011). India Today: An Encyclopedia of Life in the Republic. ABC-CLIO. pp. 484–485. ISBN 978-0-313-37463-0.
- ↑ Flueckiger, Joyce Burkhalter. "LITERACY AND THE CHANGING CONCEPT OF TEXT: Women's Ramayana Maṇḍalī in Central India." In Boundaries of the Text: Epic Performances in South and Southeast Asia, edited by Joyce Burkhalter Flueckiger and Laurie J. Sears, 43–60. University of Michigan Press, 1991. http://www.jstor.org/stable/10.3998/mpub.19503.8.
| ई लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |