Jump to content

ब्रेव लियो

विकिपीडिया से
Brave Leo
डेवलपरBrave Software, Inc.
शुरुआती रिलीज2 नवंबर 2023; 2 साल पहिले (2023-11-02)
ऑपरेटिंग सिस्टमAndroid, iOS, Windows, MacOS, Linux
Included withBrave
किसिमChatbot
वेबसाइटbrave.com/leo

ब्रेव लियो भा ब्रेव लिओ (अंग्रेजी: Brave Leo) लार्ज लैंग्वेज मॉडल प आधारित एगो चैटबॉट हवे, जवन ब्रेव सॉफ्टवेयर (Brave Software) द्वारा डेवलप कइल गइल बा, आ ब्रेव ब्राउज़र में सामिल बाटे।[1]

नवंबर 2023 में कंपनी बतवलस कि एह चैटबॉट के आइओएसएंड्रॉयड संस्करण " आगे आवे वाला महीना" में उपलब्ध हो जाई।[2]

फीचर सभ

[संपादन करीं]

जनवरी 2024 से, लियो अपना डिफॉल्ट लार्ज लैंग्वेज मॉडल के रूप में मिक्स्ट्रल 8x7B (Mistral AI द्वारा डेवलप कइल गइल ओपन-सोर्स मॉडल) इस्तेमाल करे लागल।[3] एहसे पहिले ई लामा 2 (मेटा प्लेटफार्म) आ क्लॉड (एन्थ्रोपिक) के भी इस्तेमाल क चुकल बा।

लियो फॉलो-अप सवाल सुझा सकेला, आ वेबपेज, पीडीएफ आ वीडियो के समरी (सारांश भा संछेप) भी बना सकेला।[4][5]

लियो के एगो प्रीमियम एडिशन भी बा, जवन हर महीना 15 अमेरिकी डॉलर पर उपलब्ध बा। एह प्रीमियम सेवा में बड़ रिक्वेस्ट आ बड़ एलएलएम इस्तेमाल करे के सुविधा मिले ला।[4][6]

प्राइवेसी

[संपादन करीं]

लियो द्वारा दिहल जवाब सेव ना कइल जाला।[7] एक बेर एकरा के बंद क दिहल जाव तब ओकरे बाद सगरी बातचीत डिलीट हो जाला। ब्रेव कंपनी “लव प्राइवेसी” नारा इस्तेमाल करेला, जवना से कि यूज़र लोगन के प्राइवेसी (निजता) आ डेटा सुरक्षा पर एह कंपनी के जोर के देखावल जा सके।[8]

2023 में पत्रिका पीसी वर्ल्ड रिपोर्ट कइलस कि लियो अमेरिकी चुनाव से जुड़ल कुछ सवालन से बचे के कोशिश करत पावल गइल।[9]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. Swant, Marty (2025-04-02). "Why big advertisers are buying Brave's search ads — despite its small size". Digiday (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-04-30.
  2. Weatherbed, Jess (November 2, 2023). "Brave responds to Bing and ChatGPT with a new "anonymous and secure" AI chatbot". The Verge.
  3. "Brave Leo, the AI browser assistant, now features Mixtral for improved performance | Brave". Brave Software, Inc. 2024-01-25. Retrieved 2026-02-08.
  4. 1 2 Mehta, Ivan (November 2, 2023). "Brave's Leo AI assistant is now available to desktop users". TechCrunch.
  5. Ledford, Jerri (November 2, 2023). "Brave's Leo AI Browser Now Available for All Users". Lifewire (अंग्रेजी में). Retrieved 2023-11-19.
  6. "Brave Builds a Privacy-Respecting AI Assistant Into Its Browser". PCMag UK. November 2, 2023.
  7. "Brave's Leo enters the AI chatbot arena with privacy as its selling point". इंडियन एक्सप्रेस. November 3, 2023.
  8. mindi (May 13, 2025). "Leo AI Yapay Zekâ Nedir?". mindilot. Retrieved 26 August 2025.
  9. "Brave browser's free Leo AI dodges questions about the 2020 election". PCWorld (अंग्रेजी में). Retrieved 2023-11-19.