ब्रेजियर



ब्रेजियर (brassiere; 'ब्रा' नाम से जानल जाला) लइकी आ मेहरारू लोग के पहिरल जाए वाला कपड़ा ह, जे स्तन के ढँके, सहारा देबे आ उभार देखावे खातिर बनावल जाला। एकर हिंदी में 'चोली' आ बांग्ला में 'वक्षबंधनी' कहल जाला।
बाहरी कपड़ा के रूप में ब्रा
[संपादन करीं]स्पोर्ट्स ब्रा के शुरुआत 1975 में ग्लैमराइज फाउंडेशन द्वारा "फ्री स्विंग टेनिस ब्रा" के साथ भइल रहे। अउरी महिलन कई साल ले एकरा के कपड़ा के नीचे पहनत रहली। बाकिर 10 जुलाई 1999 के, ब्रांडी चैस्टेन अमेरिका खातिर 1999 फीफा महिला विश्व कप के फाइनल में चीन के खिलाफ पेनल्टी शूटआउट में पाँचवाँ किक मार के जीत दिलवली। खुशी में ऊ अपना जर्सी उतार के स्पोर्ट्स ब्रा देखवली। एकर चर्चा खूब भइल आ एकरा से सिर्फ स्पोर्ट्स ब्रा पहिरला के चलन में तेजी आइल।
1980 के दशक के आखिरी में मैडोना ओह औरतन में से एक रहली जवन अपन ब्रा के पट्टी देखावे लगली। 1990 के शुरुआत से अइसन कपड़ा पहनल फैशन बन गइल जवन में ब्रा के पट्टी साफ-साफ देखाई।
अलग-अलग किसिम
[संपादन करीं]-
प्लंज
-
फुल कप
-
बाल्कोनेट
-
1950 के दशक के "शटर" ब्रा