भंटा

विकिपीडिया से
(बैगन से अनुप्रेषित)

Eggplant
The fruit of eggplant developing on the plant
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: Plantae
(बिना रैंक कइल): Angiosperms
(बिना रैंक कइल): Eudicots
(बिना रैंक कइल): Asterids
ऑर्डर (Order): Solanales
परिवार: Solanaceae
जाति (Genus): Solanum
प्रजाति: S. melongena
दूपद नाँव
Solanum melongena
L.
अउरी दूसर नाँव

Solanum ovigerum Dunal
Solanum trongum Poir.
and see text

बैंगन

भंटा, भाँटा चाहे बैगन (हिंदी: बैंगन; अंग्रेज़ी: brinjal) नाइटशेड परिवार सोल'नेसी (solanaceae) के एगो पौधा के प्रजाति हवे। सोलानम मेलोंजेना दुनियाँ भर में एकरे खाए जोग फल खातिर उपजावल जाला।

एकर फल बैगनी रंग (रंग के नाँव एही के ऊपर रखल गइल हवे, अंग्रेजी में पर्पल कलर) के एकर फल गुद्देदार स्पंज नियर आ सोखे वाला होखे ला जेकरा चलते ई फल कई किसिम के सब्जी आ पकवान सभ में इस्तेमाल होखे ला। बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से ई बेरी हवे। सोलानम बंस के होखे के कारन ई टमाटर, मरिचाआलू के करीबी पौधा हवे हालाँकि ई बाकी सभ नई दुनियाँ के पौधा हवें जबकि भंटा पुरानी दुनियाँ के पौधा हऽ। मानल जाला कि जंगली प्रजाति एस. इन्कानाम से एकरा के भारतीय उपमहादीपचीन में खेती लायक पौधा के रूप में उपजावे शुरू कइल गइल।

टमाटर के साथे एकर समानता ई बा कि एकर छिलका आ बीया खाइल जा सके ला। आलू से समानता ई बाटे कि एकरो के पका के खाइल जाला। भंटा के भीतर मैक्रोन्यूट्रिएंट आ माइक्रोन्यूट्रिएंट दुनों किसिम के पोषक तत्व बहुत बेसी ना होखे लें बाकी एकर गुद्दा पानी आ तेल सोखे में भरपूर काम करे ला जेकरा चलते ई कई किसिम के तरकारी, सब्जी आ अउरियो पकवान सभ में इस्तेमाल होखे ला।

अंग्रेजी में एकर तीन गो नाँव चलन में बाड़ें: भारत से ले के सिंगापूर ले एकरा के ब्रिंजल (brinjal) कहल जाला, अमेरिकाकनाडा में एकरा के एगप्लांट (eggplant) कहल जाला जबकि यूनाइटेड किंगडमआयरलैंड में एकरा के ऑबरजाइन (aubergine) कहल जाला। पूरा बिस्व के लगभग 87 % भंटा के पैदावार (2018 के आँकड़ा मोताबिक) चीन आ भारत में मिला के होखे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]