Jump to content

बेसिक इंग्लिश

विकिपीडिया से
Basic English
Created byचार्ल्स के. ऑग्डेन
तिथि1925
सेटिंग आ इस्तेमालकंट्रोल्ड प्राकृतिक भाषा
Purpose
constructed language
  • Basic English
लैटिन
स्रोतमॉडर्न इंग्लिश
भाषा कोड
ISO 639-3
IETFen-basiceng

बेसिक इंग्लिश (अंग्रेजी: Basic English;[1] (ब्रिटिश एकेडमिक साइंटिफिक इंटरनेशनल कमर्शियल),[नोट 1] माने कि बेसिक अंग्रेजी, नियंत्रित भाषा (कंट्रोल्ड लैंग्वेज) के एगो रूप हवे, जेकर मकसद जटिल बिचारन के आसान भाषा में समझावल बा। एकर डिक्शनरी में 850 शब्द शामिल बाड़ें, जिनहन के चार्ल्स के. ऑग्डेन बिछले रहलें। इनहन के इस्तेमाल के उदाहरन देखल जाय त, सिंपल इंग्लिश विकिपीडिया के कुछ लेख अइसनो बाड़ें जे बेसिक इंग्लिश के बस एही 850 शब्दन के इस्तेमाल क के लिखल गइल बाड़ें।

बेसिक इंग्लिश पर सबसे पहिला काम दू गो अंग्रेज विद्वान—आइवर रिचर्ड्स, जे हार्वर्ड विश्वविद्यालय से जुड़ल रहलें, आ चार्ल्स के. ऑग्डेन, जे कैम्ब्रिज विश्वविद्यालय से संबंधित रहलें—द्वारा कइल गइल। बेसिक इंग्लिश के रूपरेखा तैयार करे में ऑग्डेन आ रिचर्ड्स के संकेत-विज्ञान (सेमियोटिक्स) संबंधी सिद्धांत के गम्हीर प्रभाव रहल। ई सिद्धांत उनकर 1923 में छपल किताब दि मीनिंग ऑफ़ मीनिंग में प्रस्तुत कइल गइल रहे, आ बेसिक इंग्लिश के निर्माण मुख्य रूप से एही सिद्धांत पर आधारित रहे।[2]साल 1937 में ऑग्डेन ऑटो न्यूराथ आ मैरी न्यूराथ के इंटरनेशनल पिक्चर लैंग्वेज तैयार करे खातिर नियुक्त कइलें। ई बेसिक इंग्लिश सीरीज के आठ गो किताबिन में से एक ठो किताब रहे।[3]

ऑग्डेन के बेसिक इंग्लिश आ आसान अंग्रेजी के कांसेप्ट के सबसे अधिक प्रसिद्धि दुसरा विश्व युद्ध में मित्र राष्ट्रन के जीत के तुरंत बाद मिलल। एकर परचार विश्व शांति स्थापित करे के एगो माध्यम के रूप में कइल गइल। चार्ल्स के. ऑग्डेन के बिस्वास रहे कि दुनिया के धीरे-धीरे अल्पसंख्यक भाषा सभ के प्रयोग कम कइके, जहाँ तक संभव होखे, केवल एके भाषा—अंग्रेजी—के इस्तेमाल करे के ओर बढ़े के चाहीं, चाहे ऊ आसान रूप (बेसिक इंग्लिश) में होखे भा पूरा मानक रूप में।[4]

हालाँकि बेसिक इंग्लिश के कवनो औपचारिक प्रोग्राम के रूप में लागू ना कइल गइल, तबो पर इंटरनेशनल इस्तमाल खातिर एकरा जइसन कई आसन अंग्रेजी सिस्टमन के डेवलप कइल गइल। आइवर रिचर्ड्स चीन के स्कूलन में बेसिक इंग्लिश के इस्तेमाल के बढ़ावा दिहलें।[5] बेसिक इंग्लिश के प्रभाव से वॉइस ऑफ अमेरिका के Learning English समाचार प्रसारण कार्यक्रम आ Simplified Technical English जइसन नियंत्रित अंग्रेजी प्रणाली के विकास भइल। Simplified Technical English के विशेष रूप से टेक्निकल मैनुअल लिखे खातिर तइयार कइल गइल।[6] आज ऑग्डेन के बेसिक इंग्लिश के सबसे महत्वपूर्ण विरासत ओकर 850 शब्दन के मूल शब्दावली हवे। ई शब्दावली दुनिया भर में, खासकर एशिया के कई देशन में, अंग्रेजी सिखे वाला शुरुआती विद्यार्थी सभ खातिर आधारभूत शब्द-संग्रह के रूप में इस्तेमाल कइल जाला।[7]

  1. BASIC (British Academic Scientific International Commercial)[1]
  1. 1 2 Ogden, Charles Kay (1932). Basic English: A General Introduction with Rules and Grammar. K. Paul, Trench, Trubner & Company, Limited. p. 21.
  2. McElvenny, James (2015-10-22). "The application of C.K. Ogden's semiotics in Basic English" (PDF). Language Problems and Language Planning (अंग्रेजी में). 39 (2): 187–204. doi:10.1075/lplp.39.2.05mce. ISSN 0272-2690. S2CID 148343056.
  3. Ogden, Charles. "BASIC Texts". Archived from the original on 2005-03-09. Retrieved 2019-03-05.
  4. Ogden, Charles Kay (1934). The System of Basic English. Harcourt, Brace.
  5. "Education: Globalingo". Time. 31 December 1945. Archived from the original on 14 November 2011.
  6. Ogden, Charles Kay (1932). Basic English: A General Introduction with Rules and Grammar. K. Paul, Trench, Trubner & Company, Limited. p. 2.
  7. Weiss, Edmond H. (2005). The Elements of International English Style. M. E. Sharpe. pp. 17–18. ISBN 978-0-7656-1572-5.