बिधान परिषद
Appearance
भारत के राज्य बिधान परिषद (विधान परिषद भा सासन मंडली) भारत के कुछ राज्यन में मौजूद विधानमंडल के ऊपरी सदन (अपर हाउस) हवे, जबकि निचला वाला सदन (लोवर हाउस) विधान सभा होला। एह तरह के व्यवस्था के द्विसदनीय विधानमंडल (बाईकैमरल लेजिस्लेचर) कहल जाला।
विधान परिषद के स्थापना भारत के संविधान के अनुच्छेद 169 में परिभाषित बा। भारत के 28 राज्यन में से सिरिफ 6 राज्यन में बिधान परिषद मौजूद बा— आंध्र प्रदेश, बिहार, कर्नाटक, महाराष्ट्र, तेलंगाना आ उत्तर प्रदेश।[1] कवनो केंद्र शासित प्रदेश (संघ राज्यक्षेत्र) में विधान परिषद ना बाटे।
बिधान परिषद के सदस्य लोगन के एमएलसी (MLC) कहल जाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "WHAT IS LEGISLATIVE COUNCIL". Business Standard India. Retrieved 2 December 2021.
| ई लेख भारत सरकार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई लेख राजनीति की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |