Jump to content

बायोपिक

विकिपीडिया से
चापयेव (Chapaev), एक ठो 1934 के बायोपिक हवे जे रूस के जुद्ध हीरो वैसिली चापायेव के जिनगी पर बनल रहल।

बायोग्राफिकल फिल्म (अंग्रेजी: biographical film; जीवनी देखावे वाली फिलिम) चाहे संछेप में बायोपिक (biopic) अइसन फिलिम होला,[1] जवन कवनो असली व्यक्ति—या कभी-कभार असल लोगन के समूह—के जिनगी पर आधारित होखे ला। एह तरह के फिलिम में संबंधित ब्यक्ति के जीवन के नाटकीय रूप में देखावल जाला, आ मुख्य पात्र खातिर ओह व्यक्ति के असली नाँव के इस्तमाल कइल जाला।[2]

अइसन बायोपिक फिलिम सभ डॉक्यूड्रामाऐतिहासिक ड्रामा से अलग होखे लीं, काहें से कि बायोपिक के मकसद कौनों ब्यक्ति के पूरा जिनगी के कहानी—या कम से कम उनकरा जिनगी के सबसे महत्वपूर्ण ऐतिहासिक दौर—के बिस्तार से देखावल होखे ला।[3]

  1. "Biopic". Dictionary.com.
  2. Bastin, Giselle (Summer 2009). "Filming the Ineffable: Biopics of the British Royal Family". A/B: Auto/Biography Studies. 24 (1): 34–52. doi:10.1353/abs.2009.0008.
  3. "What is a biopic? Seven questions about biographical films answered". BBC. April 2024. Retrieved June 8, 2024.