Jump to content

बाबतपुर हवाईअड्डा

विकिपीडिया से

लाल बहादुर शास्त्री हवाई अड्डा (आईएटीए: VNS, आईसीएओ: VEBN), जेकरा आम नाँव बाबतपुर हवाई अड्डा के नाँव से जानल जाला, भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के बनारस शहर के सेवा देवे वाला एगो इंटरनेशनल हवाई अड्डा हवे। ई बनारस से लगभग 26 किलोमीटर उत्तर-पश्चिम में स्थित बाबतपुर में बा। पहिले एकर नाँव वाराणसी हवाई अड्डा रहल, बाकिर अक्टूबर 2005 में भारत के दूसरा प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के सम्मान में एकर नाम बदल के वर्तमान नाम रखल गइल।

वित्तीय साल 2024–25 में 40 लाख से बेसी यात्री एह हवाई अड्डा के इस्तेमाल कइलें, जवना के बाद ई भारत के प्रमुख हवाई अड्डन में गिनल जाए लागल। यात्री आवागमन के हिसाब से ई भारत के 19वाँ सबसे व्यस्त हवाई अड्डा आ उत्तर प्रदेश के दूसरा सबसे व्यस्त हवाई अड्डा हवे।

एयरपोर्ट्स काउंसिल इंटरनेशनल द्वारा 2020 में एह हवाई अड्डा के एशिया-प्रशांत क्षेत्र के सबसे बढ़िया हवाई अड्डा (सालाना 20 लाख से 50 लाख यात्री श्रेणी) के पुरस्कार दिहल गइल रहे। ई भारत के पहिलका हवाई अड्डा भी हवे जहाँ एनाउन्समेंट संस्कृत भाषा में भी कइल जाले।