Jump to content

बरुणा नदी

विकिपीडिया से
बरुणा नदी
बरुणा नदी के लोकेशन Uttar Pradesh में
बरुणा नदी
लोकेशन
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
भौतिक लच्छन सभ
मुहानागंगा जी
 - location
आदिकेशव घाट, सराय मोहाना, बनारस, उत्तर प्रदेश
 - coordinates
25°19′44″N 83°02′38″E / 25.329°N 83.044°E / 25.329; 83.044निर्देशांक: 25°19′44″N 83°02′38″E / 25.329°N 83.044°E / 25.329; 83.044
लंबाई202 किमी (126 मील)

बरुणा नदी भा बरना नदी (संस्कृत: वरुणा) भारत के उत्तर प्रदेश में गंगा नदी के एगो छोट सहायिका नदी ह। ई प्रयागराज जिला के फूलपुर के लगे से निकलेले आ 202 किलोमीटर के जात्रा क के बनारस के सराय मोहाना के लगे गंगा जी में मिल जाले। बनारस सदर से सराय मोहाना तक नदी के करीबन 6 किलोमीटर वाला हिस्सा बाढ़ के चपेट में आवे वाला इलाका ह।

कथा-किंबदंती

[संपादन करीं]

कई लोग ई बतावे ला कि बनारस के वाराणसी नाँव के उत्पत्ति दू गो नदी—वरुणा आ अस्सी—के नाँव से भइल, मने कि बरुना आ असी के बीच के इलाका।

वामन पुराण के मुताबिक, वरुणा नदी के देवता लोग अस्सी नदी के संगहीं बनवले रहलें। एह नदी के जिकिर प्रसिद्ध संस्कृत महाकाब्य महाभारतो में मिले ला।

वरुणा नाँव वरुण देवता के नाँव पर पड़ल मानल जाला, जेकर संबंध आकाश, समुद्र आ पानी से मानल जाला।

बनारस में वरुणा

[संपादन करीं]

वाराणसी विकास प्राधिकरण आ ओएनजीसी दुनों मिल के सीएसआर योजना के तहत 260.61 करोड़ के एमओयू साइन कइले बाड़ें कि एह नदी के किनारा वरुण रिवरफ्रंट के रूप में बिकसित कइल जाई। एह में ग्रीन एरिया, ओपेन एरिया आ पैदल पथ, लाइटिंग नियन चीजन के बिकास क के एकरा के इंटरनेशनल रिवर फ्रंट के रूप में बिकसित करे के योजना बाटे।[1]

  1. ↑ "बनारस की पहचान वरुणा नदी का बदलेगा स्वरूप, 260 करोड़ रुपए होंगे खर्च, तटीय इलाके भी चमकेंगे". ETV Bharat News (Hindi में). 22 जून 2026. Retrieved 26 सितंबर 2026.