Jump to content

फायरफॉक्स

विकिपीडिया से

मोजिला फायरफॉक्स, जेकरा छोट रूप में फायरफॉक्स कहल जाला, एगो फ्री आ ओपन-सोर्स वेब ब्राउजर ह। एकर विकास मोजिला फाउंडेशन आ ओकर सहायक कंपनी मोजिला कॉर्पोरेशन करेली। ई वेब पेज देखावे खातिर गीको रेंडरिंग इंजन के इस्तेमाल करेला, जे मौजूदा आ भविष्य में लागू होखे वाला वेब स्टैंडर्ड के समर्थन करेला।

ई सॉफ्टवेयर विंडोज, मैकओएस आ लिनक्स सिस्टम खातिर उपलब्ध बा। एकर मोबाइल संस्करण एंड्रॉयड आ आईओएस खातिर भी बा। एकरा अलावा, ओरेकल सोलारिस आ ओपनइंडियाना जइसन दूसर प्लेटफॉर्म खातिर एकर अनौपचारिक संस्करण भी उपलब्ध बाड़ें।