फारस के खाड़ी

विकिपीडिया से
(फ़ारस की खाड़ी से अनुप्रेषित)
Persian Gulf
خلیج فارس (फ़ारसी)
Persian Gulf from space
लोकेशनWestern Asia
प्रकारGulf
आगमSea of Oman
थाला के देसIran, Iraq, Kuwait, Saudi Arabia, Qatar, Bahrain, United Arab Emirates and Oman (exclave of Musandam)
अधिकतम लंबाई989 किमी (615 मील)
सतह क्षेत्र251,000 किमी2 (2.70×1012 वर्ग फु)
औसत गहिराई50 मी (160 फीट)
अधिकतम गहिराई90 मी (300 फीट)

फारस के खाड़ी पच्छिमी एशिया में एगो समुंद्री हिस्सा बा जे लगभग चारों ओर से जमीन से घेराइल बाटे, पातर खा जलजोड़, हरमुज के जलजोड़ एकरा के हिंद महासागर (ओमान के खाड़ी) से जोड़े ला। एक तरह से कहल जा त ई हिंद महासागर के जमीनी इलाका के भीतर ले घुसल बिस्तार हवे जेकरे एक ओर अरब प्रायदीप बा आ दुसरे ओर ईरान (फारस)। एह खाड़ी के उत्तर पच्छिमी माथ पर शत अल अरब[1] नदी आ के एह में आपन डेल्टा बनावे ले।

खाड़ी ईरान-ईराक जुद्ध के क्षेत्र रह चुकल बा, खाड़ी जुद्ध के दौरान ई पूरा तरीका से दुनिया के खातिर धियान के बिसय बनल रहे आ ईराक के कुवैत पर हमला एही खाड़ी में भइल। मुख्य रूप से ई इलाका पेट्रोलियम उत्पादन के क्षेत्र हवे आ एही कारण ई खाड़ी दुनिया खाती महत्व के बिसय हवे।

खाड़ी में भरपूर मूंगा के चट्टान, मछरी पकडे के इलाका आ मोती निकाले वाला इलाका बाड़ें। हालाँकि, एह खाड़ी के आसपास तेल निकाले, उद्योगीकरण आ जुद्ध वगैरह से एकरे प्राकृतिक इकोसिस्टम के बहुत नोकसान चहुँपल बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. सिन्हा, आर॰ पी॰ (2010). विश्व विख्यात युद्ध. आत्माराम & संस. p. 212.