प्रो बोनो
Appearance
प्रो बोनो पब्लिको (अंग्रेजी: Pro bono publico; माने: “जन-भलाई/जनहित खातिर”), छोट में प्रो बोनो(अंग्रेजी: pro bono), लैटिन भासा[1] के शब्द हवे, जेकर मतलब बा—कुनो पेसागत काम मन से, बिना कउनो मेहनताना लिहले, जनहित में करे।[2][3] पहिले ई शब्द खास कर के वकील लोग द्वारा, ओह लोग खातिर मुफ़्त कानूनी मदद देबे में इस्तेमाल होखे जे खर्चा ना उठा पावे।[1]
अब हाल में, ए शब्द के मतलब बढ़ के ए तरह हो गइल बा कि कोनो भी विशेषज्ञ/पेशेवर (professional) आपन खास सेवा, बिना पैसा लिहले, केहू व्यक्ति या पूरा समाज/समुदाय खातिर देला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- 1 2 "What is Pro Bono?". www.law.georgetown.edu.
- ↑ "Definition of PRO BONO". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). 6 नवंबर 2025.
- ↑ "pro bono". dictionary.cambridge.org (अंग्रेजी में). 5 नवंबर 2025.