Jump to content

प्रोपेगैंडा

विकिपीडिया से

प्रोपेगैंडा चाहे प्रोपगैंडा (अंग्रेजी: Propaganda) अइसन किसिम के कम्युनिकेशन हवे, जेकर मुख्य मकसद लोगन के सोच पर असर डाले के या उनहन के मनावे के होखे ला, ताकि कवनो खास एजेंडा आगे बढ़ावल जा सके। ई जरूरी नइखे कि ई हमेशा निष्पक्ष होखे। कई बेर एहमें जान-बूझ के चुन-चुन के तथ्य पेश कइल जाला, ताकि लोगन के दिमाग में कवनो खास तरह के समझ या धारणा बन सके। कई दफ़ा भारी-भरकम या भावनात्मक भाषा इस्तेमाल कइल जाला, ताकि लोग तर्क से कम, भावना से जादे प्रतिक्रिया देवे। अइसन प्रोपेगैंडा अलग-अलग तरह के हालात आ संदर्भ में देखे के मिलेला।

बीसवीं सदी से प्रोपेगैंडा शब्द अंग्रेजी में अधिकतर चालाकी भरल, भटकावे वाला तरीका से जोड़ के देखल जाए लागल। बाकी, इतिहास में ई शब्द तटस्थ मतलब में इस्तेमाल होत रहल। पहिले प्रोपेगैंडा के मतलब खाली एतने रहे कि कवनो राय, विचारधारा (आइडियोलॉजी) या कॉन्सेप्ट के बढ़ावा देवे वाला सामग्री।

प्रोपेगैंडा के सनेसा चहुँपावे खातिर किसिम-किसिम के सामग्री आ मीडिया इस्तेमाल कइल जाला। टेक्नोलॉजी बदलला के साथ-साथ एह तरीकवनों में बदलाव आइल। एहमें पेंटिंग, कार्टून, पोस्टर, पर्चा, फिल्म, रेडियो शो, टीवी शो आ वेबसाइट सभ शामिल बा। हाल के समय में, डिजिटल दौर में प्रोपेगैंडा फइलावे के अउरी नया तरीका निकलि आइल बाड़ें।

आजकल कम्प्यूटेशनल प्रोपेगैंडवो के खूब इस्तेमाल हो रहल बा। एहमें बॉट्सएल्गोरिदम के सहारे जनता के राय के प्रभावित कइल जाला। जइसे कि फेक न्यूज चाहे पक्षपाती खबर बनाके सोशल मीडिया पर फइलावल जाला। कई बेर चैटबॉट के इस्तेमाल क के सोशल नेटवर्क पर असली इंसान जइसन बर्ताव कइल जाला, ताकि चर्चा के रुख बदले आ लोगन के सोच पर असर पड़े।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]