Jump to content

प्रोपराइटरी सॉफ्टवेयर

विकिपीडिया से

प्रोपराइटरी सॉफ्टवेयर (अंग्रेजी: Proprietary software) अइसन सॉफ्टवेयर होला जे अपना निर्माता, प्रकाशक चाहे अधिकार रखे वाला संस्था के आधुनिक कॉपीराइट आ इंटेलेक्चुअल प्रॉपर्टी कानून के तहत कानूनी नियंत्रण देला। आसान भाषा में कहल जाय त ई सॉफ्टवेयर केहू के मलिकाई में होला जेकर पूरा कंट्रोल होला। एह कंट्रोल के कारण सॉफ्टवेयर पावे वाला आदमी ओकरा के खुला रूप से बाँट ना सकेला, बदलाव ना कर सकेला, आ कुछ हालत में त अपना मन से इस्तेमालो करे प रोक लागल हो सकेला। खासकर कुछ पेटेंट से बन्हाइल आ EULA (एंड यूजर लाइसेंस एग्रीमेंट) वाला सॉफ्टवेयर में अइसन शर्त हो सकेली, जे यूजर के आजादी सीमित क देला।

प्रोप्राइटरी सॉफ्टवेयर, "नॉन-फ्री सॉफ्टवेयर (non-free software) सभ के हिस्सा मानल जालें। “नॉन-फ्री सॉफ्टवेयर” शब्द के इस्तेमाल "फ्री आ ओपन-सोर्स सॉफ्टवेयर" (free and open-source software) के उल्टा अर्थ में होला। हालाँकि कुछ नॉन-कमर्शियल लाइसेंस, जइसे CC BY-NC, प्रोप्राइटरी ना मानल जालें, लेकिन ऊ “फ्री” सॉफ्टवेयर के कटेगरी में भी में ना आवेलें।

प्रोप्राइटरी सॉफ्टवेयर, बंद-सोर्स वाला हो सकेला, जहाँ सोर्स कोड सार्वजनिक ना होला; चाहे अवेलेबल-सोर्स वाला हो सकेला, जहाँ सोर्स कोड देखे के इजाजत त रहेला, बाकी ओकर इस्तेमाल आ बदलाव पर रोक लागल रहे ला।