प्रयोगकर्ता वार्ता:NIA3000

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
Welcome! स्वागतम्! Crystal Clear app ksmiletris.png 

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा NIA3000 जी !

NIA3000 जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 23,457 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना


-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) 19:50, 23 जनवरी 2018 (UTC)

सीरीस (बउना गरह)[संपादन]

नमस्ते! राउर बनावल लेख अब सीरीस (बउना गरह) पर बा। ब्रैकेट से पहिले स्पेस लगा दिहल गइल बा। विकिपीडिया पर योगदान खाती धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 06:10, 29 जनवरी 2018 (UTC)

खाली लेख मत बनाईं[संपादन]

नमस्ते, विकिपीडिया पर खाली पन्ना, जेह में कौनों भी जानकारी ना होखे हटा दिहल जाला। आपसे अनुरोध बा कि आप जवन दू गो लेख अशोक चक्रडॉन अंतरिक्षयान बनवले बानी उनहन में जल्दी से सामग्री जोड़ लीं, नाही त इनहन के हटावल जा सके ला। धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 06:45, 4 फरवरी 2018 (UTC)

Share your experience and feedback as a Wikimedian in this global survey[संपादन]

WMF Surveys, 18:19, 29 मार्च 2018 (UTC)

Reminder: Share your feedback in this Wikimedia survey[संपादन]

WMF Surveys, 01:17, 13 अप्रैल 2018 (UTC)

Your feedback matters: Final reminder to take the global Wikimedia survey[संपादन]

WMF Surveys, 00:26, 20 अप्रैल 2018 (UTC)

Removal of content[संपादन]

Hello, Please be careful while editing and check if you are removing something unintentionally (as you have done on भोजपुरी). I can understand that you edit with mobile and such incidents are common. It is suggested that always compare revisions in article history. Regards. --SM7--बातचीत-- 03:37, 3 जुलाई 2018 (UTC)

अक्टूबर महीना खातिर टारगेट[संपादन]

नमस्ते NIA3000 जी,

अगिला महीना भर मिल के काम करे खातिर हम टार्गेट सेट क लेले बानी। एकरा के आप विकिपीडिया:समाज पन्ना (एकर कड़ी बाएँ ओर के साइडबार में भी बा) पर जा के सभसे नीचे देख सकत बानी।

एह लिस्ट में 120 गो लेख बीछ के रखले बानी जिनहन के अपना पसंद अनुसार बिस्तार करे के बा। इनहन के सभसे ढेर देखल जाए वाला लेख सभ में से चुनल गइल बा। 1 अक्टूबर से राउर स्वागत बा एह काम में। --SM7--बातचीत-- 16:28, 28 सितंबर 2018 (UTC)

हैलो NIA3000 जी, आपसे अनुरोध बा कि एक वाक्य के लेख बनावे से परहेज करीं। या फिर लेख बनाईं तब ओकरा भितर कम से कम चार-पाँच लाइन जरूर लिखीं आ कम से कम एक ठो संदर्भ जरूर जोड़ीं। बाकी, भोजपुरी विकिपीडिया पर योगदान करे खाती धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 19:13, 12 अक्टूबर 2018 (UTC)

कैथी लिखाई में भोजपुरी विकिपीडिया पर लिखे खातिर[संपादन]

नमस्ते, राउर सनेसा वार्तालाप:गंगा पन्ना पर रहल जेकरा के हटा दिहले बानी काहें से की ऊ ओह लेख से संबंधित ना रहल हवे।

बाकी हमनी के इहाँ, विकिपीडिया पर कैथी लिखाई में ना लिख सकी लें काहें कि,

  1. विकिपीडिया पर जवन भाषा लिखाई चलन में बा (जइसे कि वर्तमान में भोजपुरी खाती देवनागरी) ओही में लिखल जा सके ला, विकिपीडिया चलनसार चीज के पाछे चले ला, एकर इस्तेमाल कौनों नाया चीज के चलन में ले आवे खाती ना कइल जा सके ला।
  2. देवनागरी में लिखे के बावजूद भी अभिन ले एह विकिपीडिया पर लिखे वाला आ पढ़े वाला लोग के गिनती बहुत कम बा, कैथी में लिखल जाय तब साइद बहुते कम लोग मिली जे पढ़ सके आ लिखे वाला मिलले के संभावना भी कमें बा।
  3. हाँ, ई जरूर हो सके ला कि अउरी बाकी जगह अगर भोजपुरी लिखे खाती कैथी के चलन भरपूर हो जाव आ भाबिस्य में हर जगह भोजपुरी के कैथी लिखाई में लिखल जाए लागे तब एहूजा अइसन कइल जा सकत बा।

आगे से अइसन कौनों चर्चा करे के होखे तब आ विकिपीडिया:चौपाल पन्ना पर लिख सकत बानी। धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 13:47, 17 अक्टूबर 2018 (UTC)

Original Barnstar.png ओरिजनल बार्नस्टार
नमस्कार NIA3000 जी, भोजपुरी विकिपीडिया पर आपके योगदान देख के बहुत खुसी बा आ एकरे खातिर आपके ई बार्नस्टार एगो सम्मान के रूप में दिहल जा रहल बा। बाकी आप के नाया लेख बनावे में रूचि देख के बहुत खुसी बा। आप चाहीं तब विकिपीडिया पर जरूरी लेख सभ के लिस्ट में से भी बनावे लायक बिसय बीछ के ओह पर लेख बना सकत बानी। ई सूची विकिपीडिया:जरूरी लेख पर बा।--SM7--बातचीत-- 12:46, 28 दिसंबर 2018 (UTC)


बहुत छोट लेख[संपादन]

Please do not create very short articles. This is not much helpful for our wikipedia. Try to expand them at least up to some good size. Regards. --SM7--बातचीत-- 20:02, 10 जून 2019 (UTC)

Community Insights Survey[संपादन]

RMaung (WMF) 14:30, 6 सितंबर 2019 (UTC)

Reminder: Community Insights Survey[संपादन]

RMaung (WMF) 15:08, 20 सितंबर 2019 (UTC)

Reminder: Community Insights Survey[संपादन]

RMaung (WMF) 19:00, 3 अक्टूबर 2019 (UTC)

कैथी लिपि में नाँव जोड़ल[संपादन]

अइसन मत करीं। आज्काल्ह भोजपुरी देवनागरी में लिखल जा रहल बा आ ई विकिपीडियओ देवनागरी में बा। हर लेख में कैथी जोड़े के कौनों मतलब ना बुझाता। हो सके त चर्चा करीं। --SM7--बातचीत-- 18:46, 6 मार्च 2020 (UTC)

बहुत छोट लेख बनावल[संपादन]

NIA3000 जी, आपसे पहिलहूँ कहल गइल बा आ दोबारा आपके बनावल लेखवन के देख के आपसे अनुरोध बा। बहुत छोट लेख मत बनाईं; विकिपीडिया पर लेख के गिनती बढ़ावल मकसद ना बाटे आ पहिलहीं इहाँ अइसन बहुत लेख बाने जिनहना में एक-दू वाक्य भर लिखल बाटे। एकरा बिपरीत आप कुछ देर टिक के कौनों एकही लेख पर काम करीं आ ओकरा के कुछ बिस्तार से बनाईं तब बेसी नीक रही। बहुत छोट लेखन से कौनों विकिपीडिया के क्वालिटी खराब होला। धन्यबाद।--SM7--बातचीत-- 13:42, 8 जून 2020 (UTC)

लेख बनावे के इस्टाइल में सुझाव के हिसाब से बदलाव करे खातिर आपके धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 04:33, 10 जून 2020 (UTC)
जहाँ ले हमार अनुमान बा, आप विकिपीडिया संपादन खातिर मोबाइल के इस्तेमाल करत बानी। कंप्यूटर पर कई चीज आसानी से सोझवें उपलब्ध होला एही से आपके कुछ कड़ी देत बानी। Contributions कड़ी के टैप क के आप आपन सारा योगदान देख सकत बानी। एकरे अलावा अगर आप खाली अइसन योगदान देखल चाहत होखीं जिनहन से नया पन्ना बनल होखे तब एह कड़ी के टैप करीं। ई दुसरकी कड़ी शायद तबे खुले जब आप मोबाइल में एडवांस मोड चालू कइले होखीं। हालाँकि एकरा देख के हमके इहे बुझाता कि रउवाँ पहिलहीं ओकर इस्तमाल करत बानी। एह कड़ी से आपके आपन ख़ुद के बनावल नया पन्ना सभ के देखे में मदद मिली। अउरी कौनों मदद के जरूरत होखे त आप हमरा के लिख सकत बानी। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 13:17, 10 जून 2020 (UTC)
भोजपुरी विकिपीडिया पर सभसे छोट 500 लेख --SM7--बातचीत-- 08:28, 11 जुलाई 2020 (UTC)

संदर्भ दिहल, जब sfn टेम्पलेट के इस्तेमाल होखे[संपादन]

हई अंतर देखल जाय। जब संदर्भ शॉर्ट फुटनोट के रूप में दिहल जाय, ऊ तबले पूरा ना मानल जाला जबले कि मूल किताब के जानकारियो नीचे ना जोड़ल जाय। --SM7--बातचीत-- 04:58, 16 जून 2020 (UTC)