प्रयोगकर्ता वार्ता:विनायक नाथ तिवारी

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से
तुरंत भइल बदलाव देखीं
   

Welcome! स्वागतम्!  

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा विनायक नाथ तिवारी जी !

विनायक नाथ तिवारी जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 35,141 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना


-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) 09:28, 15 अप्रैल 2017 (UTC)[जबाब देईं]

राउर वार्ता पन्ना[संपादन करीं]

नमस्ते विनायक जी,

ई पन्ना राउर वार्ता पन्ना हवे, जेकर मकसद अइसन जगह दिहल बा जहँवा विकिपीडियन सदस्य लोग आपसे बात कइल चाहे त आपके सनेसा भेज सके। ई कौनों ब्लॉग नियर पन्ना ना हवे जहाँ आप आपन बात, बिचार या राय छापे के काम करीं। एही कारन आपके लिखल चीज के हटावल जा रहल बाटे।

विकिपीडिया वालंटियर लोग के आपसी सहजोग से लिखल ज्ञानकोश हवे। एकरे बढंती में अगर आपो कुछ नीक योगदान क सकीं त राउर बहुते स्वागत बा। हमके बहुत खुसी बा कि आप भोजपुरी में लिख सकत बानी। अगर आप इहाँ ज्ञानकोश में आपन योगदान कइल चाहत बानी तब ऊपर स्वागत के सनेसा में दिहल कड़ी सभ के पढ़ के समझे के कोसिस करीं कि इहाँ का लिखल जा सके ला आ कवना तरीका से लिखल जा सके ला। कौनों प्रश्न होखे त पूछीं, राउर मदद करे के पूरा कोसिस कइल जाई। बहुत-बहुत धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 04:03, 11 मई 2017 (UTC)[जबाब देईं]