प्रयोगकर्ता:MD.Masoom
रिनाक
समय मंडल: आईएसटी (यूटीसी+५:३०)
देश- भारत
राज्य- सिक्किम
जिला- पूर्व सिक्किम
क्षेत्रफल
• ऊँचाई (AMSL)
• १०४० मीटर
रिनाक के (अंग्रेजी में Rhenock )कहल जाला रिनाक सिक्किम के पूर्वी जिला में परेला इ सिक्किम के छोटा-सा क्षेत्र बा । जहाँ बजार,और गाँव स्थल बा । सिक्किम के राजधानी गान्तोक बा जौन लगभग ६३ किलोमिटर दूर जलेपला पास जयेवला मार्ग मे अवस्थित बा इ स्थल समुद्री सतह से १०४० मिटर उचाई पर बा|लेप्चा बोली के दुगो शव्द रे - नोक से बनल ( बाद में रिनाक) जएकर अर्थ होअला "काला पहाड"| रिनाक बजार से उपर मे अवस्थित आरिटार मे राज्य के पहिल्का पुलिस चौकी के स्थापना भैइल्|ओहि के कारन इ स्थल राज्य के खातिर ऐतिहासिक बा ।
अनुक्रम
1 इतिहास 2 सामजिक ढांचा 3 शैक्षणिक संस्थान 4 पर्यटक स्थल
इतिहास
आज तक रिनाक के लिखित इतिहास जानकारी में न होखे के कारन बुजुर्गोंन के मुह् से सुनल तथ्यों आउर सीमित स्रोत से मिल्ल जानकारी के अनुसार- तेह्रौं शताव्दी तक इहा के स्थल घोर जंगल से ढकल रहल ह| लेप्चा जाति प्रथम वासिन्दा कह्ल्य्लन। ओक्रा बाद भुटिया औरि नेपाली समुदाय के लोग ई स्थल पर आईल|
सामजिक ढांचा
रिनाक में सिक्किम के औरि जगह जैसन सब जाति के लोग रहेलन,जौनमे लेप्चा, भुटिया, नेपाली(गोर्खा), मारवाडी और बिहारी सामिल बारन|
शैक्षणिक संस्थान
रिनाक के शैक्षिक इतिहास राज्य के ओरि जगहन् से लम्बा बावे| एही स्थल पर राज्यके सर्वप्रथम विद्यालय के स्थापना सन १८८० में मिशनरियन् द्वारा भएल | बाद में ई विद्यालय के सिक्किम सरकार अधिग्रहण करके किंगस्टोन में स्थानान्तरित करदेह्ल्स ओरि उच्चतर माध्यमिक विद्यालय के दर्जा दिह्ल्स| हाल में ई विद्यालय के रिनाक उच्चतर माध्यमिक विद्यालय के नाम से जानल् जाला |सिक्किम् के सर्वप्रथम संस्कृत विद्यालय रिनाक के मन्दिर में स्थापित कईल गईल् | सिक्किम भारत में विलय भईला के बाद निम्न विद्यालय भईल-
सरकारी महाविद्यालय रिनाक उ. माध्यमिक विद्यालय तारपिन मा. विद्यालय सुदुंगलाखा मा. विद्यालय आरिटार मा. विद्यालय सन्त जोशेफ विद्यालय संस्कृत पाठशाला अन्य नि.मा.विद्यालय ओरि प्रा.पाठशालाएँ
पर्यटक स्थल
आरिटार तालाव, रिनाक(पूर्व सिक्किम) आरिटार (लाम्पोखरी) आरिटार गुम्पा सिद्धिविनायक मन्दिर (निर्माणाधीन) फूलों के नर्सरी।