Jump to content

प्रतिशत

विकिपीडिया से

प्रतिशत (अंग्रेज़ी: Percentage) गणित के एगो महत्त्वपूर्ण अवधारणा हवे, जेकर उपयोग मात्रा, आँकड़ा आ तुलना के रूप में बहुतायत से होला। "प्रतिशत" शब्द के मतलब ह "प्रति सौ", यानी 100 में से कतेक हिस्सा। एकर प्रतीक "%" ह। उदाहरण खातिर, 40% के मतलब होला100 में से 40 हिस्सा। [1]

उदाहरण खातिर, 45% (जवन 'पैंतालिस प्रतिशत' के रूप में पढ़ल जाला) के मतलब 100 में से 45 हिस्सा होला, आ ई 0.45 के बराबर होला। प्रतिशत के इस्तेमाल अक्सर कुल मात्रा के अनुपात में हिस्सा देखावे खातिर कइल जाला।

एही तरीका से 'प्रति मिले' शब्द भा '‰' चिन्ह के इस्तेमाल से, कवनो संख्या के 1,000 में से हिस्सा के रूप में भी व्यक्त कइल जा सकेला।

उदाहरण 1

[संपादन करीं]

अगर कक्षा में कुल छात्रन के 50% पुरुष बाड़ें, त एकर मतलब ई होला कि हर 100 छात्र में 50 गो पुरुष बाड़ें। एह हिसाब से, अगर कुल 500 छात्र बाड़ें, त 250 गो छात्र पुरुष होखीहें।

प्राचीन रोम में, दशमलव प्रणाली के अस्तित्व से बहुत पहिले, गणना अक्सर भिन्न (fractions) के रूप में कइल जात रहे। उदाहरण स्वरूप, सम्राट अगस्तस के समय में नीलामी में बिकाइल सामान पर कर लगावल जात रहे, जेकर नाम centesima rerum venalium (सामान के सौंवा हिस्सा) रहे। एह भिन्नन के उपयोग प्रतिशत के अवधारणा जइसन ही रहे, काहें कि ई कुल के अनुपात में हिस्सा देखावे के तरीका रहे।

मध्यकाल में, जइसे-जइसे पइसा के लेन-देन आ मुद्रा के चलन बढ़ल, 100 के आधार पर होखे वाला गणना तेजी से मानक बन गइल। 15वीं सदी के अंत से ले के 16वीं सदी के सुरुआत तक, अंकगणित के ग्रंथन में एह तरह के गणना शामिल करल आम बात हो गइल रहे। एह ग्रंथन में ई तरीका लाभ-हानि, ब्याज दर, आ 'तीन के नियम' जइसन गणितीय सिद्धांत पर लागू कइल गइल रहे। 17वीं सदी तक ब्याज दर के प्रतिशत-अर्थात कुल राशि के सौवाँ हिस्सा-में व्यक्त कइल सामान्य आ मानक प्रथा बन गइल रहे। [2]

गणना के तरीका

[संपादन करीं]

प्रतिशत निकाले के तरीका सामान्यत: नीचे दिहल सूत्र से होला[3]:

ई फार्मूला में "Part" माने कुल में से कवनो हिस्सा, आ "Whole" माने कुल संख्या। एकरा के 100 से गुणा क के हम प्रतिशत निकालीं।

उदाहरण:

अगर 50 गो छात्र में से 20 गो छात्र पुस्तकालय जाएलें, त पुस्तकालय जाए वाला छात्रन के प्रतिशत होई:


एकर मतलब 50 में से 40% छात्र पुस्तकालय जाएलें।

  1. Mattock, Peter (5 January 2023). Conceptual Maths: Teaching 'about' (rather than just 'how to do') mathematics in schools (अंग्रेजी में). Crown House Publishing Ltd. p. 269. ISBN 978-1-78583-618-3.
  2. Smith, D.E. (1958) [1951]. History of Mathematics. Vol. 2. Courier Dover Publications. pp. 247–249. ISBN 0-486-20430-8.
  3. "Percentage Calculation". Omni Calculator. Retrieved 28 July 2025.