Jump to content

पॉइन्सेटिया

विकिपीडिया से

पॉइन्सेटिया
A potted plant sits against a white background. Its terminal leaves are crimson red, while the others are dark green.
Green stalks with green leaves, shooting straight up. Not more than a few  feet tall, with clusters of red leaves at their tips
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
Unrecognized taxon (fix): Euphorbiaceae
जाति (Genus):Euphorbia
प्रजाति: E. pulcherrima
दूपद नाँव
Euphorbia pulcherrima
Willd. ex Klotzsch

पॉइन्सेटिया भा पोइन्सेटीअ[1][2][3](अंग्रेजी: Poinsettia) — जेकर बैज्ञानिक नाँव यूफोर्बिया पुलकेरिमा (Euphorbia pulcherrima) हवे — यूफोरबियासिए (Euphorbiaceae) परिवार के कामर्शियल रूप से एगो महत्त्वपूर्ण फूल वाला पौधा हवे। ई मेक्सिकोसेंट्रल अमेरिका के देसी पौधा हवे। यूरोपियन लोग पहिले बार 1834 में एकर वर्णन कइल। पॉइन्सेटिया लाल–हरियर पत्तियन खातिर खास मशहूर बा। एह रंग के चलते ई क्रिसमस के सजावट में बहुत इस्तेमाल होखे ला। पौधा के इंग्लिश नाँव जोएल रॉबर्ट्स पॉइन्सेट (Joel Roberts Poinsett) के नाम पर पड़ल बा, जे मेक्सिको में अमेरिका के पहिला मंत्री रहलें आ जिनके 1820 के दशक में ए पौधा के अमेरिका में ले आवे के श्रेय दिहल जाला। हाल में एकरा के नाहुआतल भाषा वाला असल नाँव cuetlaxōchitl से बोलावे के आगरह बढ़ल बाटे, काहें से कि मिस्टर पॉइन्सेट गुलामी आ "ट्रेल ऑफ टियर्स" में शामिल रहलें।[4]

पॉइन्सेटिया झाड़ी (shrub) भा छोटहन पेड़ जइसन होखे ला। एकर ऊँचाई लगभग 0.6 से 4 मी (2.0 से 13.1 फीट) तक हो सकेला। अक्सर ई कहल जाला कि पौधा बहुत जहरीला होला, बाकिर असल में ई खतरनाक ना हवे; चाहे पालतू जानवर होखे चाहे बच्चा लोग—एकरा से नुकसान कमे होला। छूअला से त कुछ ना होला, खा लेला पर भी बहुत कमे असर पड़ेला। अधिकतम, मतली, उलटी–दस्त जइसन हल्का असर हो सकेला।[5]

जंगली पॉइन्सेटिया मेक्सिको से लेके दक्षिण ग्वाटेमाला तक मिले ला। ई पौधा माझिल ऊँचाई वाला पहाड़ी ढलान पर उगे ला, खासकर प्रशांत महासागर के ओर से सटल पहाड़ी रेंज सभ में। एक आबादी मेक्सिको के गुएरेरो राज्य में भी बा, जे बाकी कुलहिना से दूरे बा। एकर ईहे दूरे वाला झुंड के मानल जाला कि आजकल जइसन किस्म लोग उगावत बा, उनहन सभहिन के पुरखा (ancestor) हवे। जंगली आबादी अब के समय में बहुत छितराइल आ छिन-भिन बाटे, काहे कि एकरे इलाका में बिना रोक-टोक जंगल काटल जा रहल बाने।

अज़टेक लोग पहिले से एह पौधा के उपराजे। उ लोग एकरा के पारंपरिक दवाई-बीरो में इस्तेमाल करत रहे। बाद में ई क्रिसमस से जुड़ गइल, आ आज ई ईसाई लोगन तिहुआर के सीजन में खूब बिकाला। अमेरिका में हर बरिस करीबन 7 करोड़ पॉइन्सेटिया सिरिफ़ छव हफ्ता भर के समय में बिका जाला। एकरा में से आधा पौधा आ अमेरिका के 70 परसेंट बाजार के सप्लाई पॉल एके रैंच (Paul Ecke Ranch) करे ला, जे दुनियाभर में एकर सबसे बड़ा उत्पादक मानल जाला।

  1. Wells, John C. (1990). Longman Pronunciation Dictionary. Harlow, England: Longman. ISBN 978-0-582-05383-0. entry "poinsettia"
  2. "poinsettia". Dictionary.com. Retrieved December 15, 2012.
  3. "poinsettia". ऑक्सफ़र्ड इंग्लिश डिक्शनरी (Online ed.). ऑक्सफ़र्ड यूनिवर्सिटी प्रेस. September 2006. Retrieved 30 December 2022. (Subscription or UK public library membership required.)
  4. Lee, Morgan (2023-12-20). "Christmas icon from ancient Mexico is named for slaveowner: Time to rename poinsettias?". The Seattle Times (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-12-07.
  5. "Poinsettias". Poison Control. National Capital Poison Center. Retrieved 26 November 2019.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]