पेट्रोल डीजल के इस्तेमाल आ कीमत निर्धारण

पेट्रोल (गैसोलीन) के इस्तेमाल आ एकर दाम कई कारकन से प्रभावित होला, जवना में कच्चा तेल (क्रूड ऑयल) के दाम, रिफाइनिंग आ वितरण लागत, लोकल मांग, लोकल करेंसी के मजबूती, टैक्स भा सब्सिडी, आ पेट्रोल के लोकल उपलब्धता शामिल बाड़ें। चूँकि ईंधन के कारोबार वैश्विक स्तर पर होला, एहसे अंतरराष्ट्रीय व्यापारिक दाम आमतौर पर एक-दूसरा से मिलत-जुलत रहेला। बाकिर खरीददार द्वारा चुकावल जाए वाला असल दाम पर सबसे अधिक परभाव संबंधित देश के दाम निर्धारण नीति आ टैक्स सिस्टम के पड़ेला।
दुनिया के अधिकतर देश पेट्रोल पर टैक्स लगावेलन, जबकि कुछ देश, जइसे वेनेज़ुएला, पेट्रोल के दाम पर सब्सिडी देलें। हालाँकि, कवनो देश के टैक्स सिस्टम पेट्रोल के इस्तमाल से पैदा होखे वाला सभ नकारात्मक प्रभाव—जइसे हवा प्रदूषण आ कार्बन डाइऑक्साइड उत्सर्जन—के पूरा लागत के समाहित नइखे करत, मतलब प्रदूषण पैदा करे वाला व्यक्ति या संस्था पूरा सामाजिक लागत के भुगतान नइखे करत।
पश्चिमी देशन में प्रति व्यक्ति पेट्रोल के उपयोग दुनिया में सबसे अधिक बा। कुल खपत के हिसाब से अमेरिका दुनिया के सबसे बड़ा पेट्रोल उपभोक्ता मानल जाला।
असर डाले वाला तत्व
[संपादन करीं]अमेरिकी ऊर्जा सूचना प्रशासन (EIA) के अनुसार, मार्च 2022 तक संयुक्त राज्य अमेरिका में पेट्रोल के दाम पर असर डाले वाला प्रमुख कारकन में कच्चा तेल के दाम, रिफाइनिंग से जुड़ल लागत आ मुनाफा, वितरण, मार्केटिंग आ टैक्स शामिल रहलें। अधिक ऑक्टेन रेटिंग वाला पेट्रोल के दाम आमतौर पर बेसी होला। 2021 में प्रीमियम ग्रेड पेट्रोल के औसत दाम रेगुलर ग्रेड के तुलना में लगभग 68 सेंट प्रति गैलन बेसी रहल।
2012 से 2021 के बीच पेट्रोल के औसत 2.80 डॉलर प्रति गैलन दाम में कच्चा तेल के हिस्सा 54.8 प्रतिशत रहल, जबकि टैक्स के हिस्सा 17 प्रतिशत, वितरण आ मार्केटिंग के हिस्सा 14.3 प्रतिशत आ रिफाइनिंग के हिस्सा 14 प्रतिशत रहल। 2021 में कच्चा तेल के हिस्सा 53.6 प्रतिशत, टैक्स के हिस्सा 16.4 प्रतिशत, वितरण आ मार्केटिंग के हिस्सा 15.6 प्रतिशत आ रिफाइनिंग के हिस्सा 14.4 प्रतिशत रहल।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Data from "Petroleum & Other Liquids / Data / Weekly U.S. All Grades All Formulations Retail Gasoline Prices". U.S. Energy Information Administration. 2026. Archived from the original on 8 May 2026.
- ↑ DePillis, Lydia (20 April 2026). "Why Gas Prices Go Up Fast and Take So Long to Fall". The New York Times.
Source: AAA for national average unleaded retail gasoline prices.
| ई लेख ऊर्जा या एकरी, भंडारण या इस्तेमाल की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई अर्थशास्त्र से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |