Jump to content

पिज्जा

विकिपीडिया से
(पित्जा से अनुप्रेषित)
पीत्सा
पित्जा मार्गेरीटा
किसिमचापट रोटी
खाए के समयलंच चाहे डिनर
उत्पत्ती अस्थानइटली
क्षेत्रकैंपानिया (नेपल्स)
परोसे के तापगर्मागर्म चाहे कुछ गरम
मुख्य सामग्रीआटा आ सॉस
बिबिध रूपCalzone, panzerotti, Stromboli (food)

पिज्जा चाहे पित्ज़ा (Pizza) इटली देस मूल के एगो पकवान हवे जे आजकाल बहुत जगहन पर चलनसार बा। ई आटा-मैदा के गोल चापट (मोट रोटी नियर) आधार (बेस) पर तरह-तरह के सब्जी आ अउरी सामान के टॉपिंग के साथे सेंक के बनावल जाला।

आमतौर प एकरा बेस के बनावे खातिर गोंहूँ के आटा-मैदा इस्तेमाल होला जेह में कई बेर भराँव (स्टफिंग) के इस्तेमाल हो सके ला। ऊपर के छिडकाव में टमाटर, शिमला मिरचा, मशरूम, ऑलिव, पनीर, आ अउरी कई किसिम के चीज हो सके ला। परंपरा अनुसार इटली में ई लकड़ी के आगी पर रखल तंदूर पर सेंकल जाय आ बिना काटले परोसल जाय। हालाँकि, आजकाल ई आधुनिक ओवन सभ में तेज आँच पर सेंकल जाला आ कई पीस में काट के परोसल जाला।

कई देसन में, जेह में भारतो सामिल बा, वर्तमान में ई आर्डर करे वाला फास्ट-फ़ूड सभ में से सभसे चलनसार आइटम में से एक बा।