इकोलॉजी

भोजपुरी विकिपीडिया से
(पारिस्थितिकी द्वारा पुन: निर्देशित)
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं

पारिस्थितिकी चाहे इकोलाजी, जीवबिज्ञान क एगो शाखा हवे जेवना में कौनो जीव समुदाय क ओकरी पर्यावरण की साथे क्रिया प्रतिक्रिया क अध्ययन कइल जाला। ए बिज्ञान के पर्यावरणीय जीव बिग्यान भी कहल जाला। मुख्य रूप से इ बिग्यान कौनो आस्थान की पर्यावरण के एगो सिस्टम मान के ओकर अध्ययन करे ला।

सिस्टम चाहे तंत्र क मतलब होला अइसन इकाई जेवना क कुल पार्ट चाहे अंग एक दुसरा से जुडल होखे आ आपस में क्रिया-प्रतिक्रिया करत होखे आ एही वजह से ऊ सिस्टम कई टुकड़न से मिल के बनला की बावजूद एगो सिंगल इकाई की रूप में ब्यवहार करत होखे।

ए नजरिया से देखल जाय त हमनी की पृथ्वी क पर्यावरणो एगो बहुत बड़हन सिस्टम(तंत्र) की रूप में काम करेला। पर्यावरण क रचना कई चीज से मिल के भइल बा जिनहाँ के एकर अंग( पार्ट) कहल जा सकेला आ तबो पर ई अलग अलग अंग अकुनो न कौनो क्रिया प्रक्रिया द्वारा एक दुसरा से जुड़ के पुरा पर्यावरण के एगो सिंगल ज़िंदा इकाई की रूप में काम करे लायक बनावेला। एही से पर्यावरण के एगो पारिस्थितिक तंत्र कहल जाला।

पारिस्थितिक तंत्र की रूप में पर्यावरण के मान लिहला पर एकरी अध्ययन में कई तरह क सुबिधा हो जाला। सबसे बड़ बात ई कि तब ई मान लिहल जाला की पर्यावरण की कौनो छोट से छोट अंग में कौनो बदलाव होई त ओकर परभाव पूरा पर्यावरण पर पड़ी। ए तरह से पर्यावरण में होखे वाला बदलाव क अध्ययन करे में बहुत सुबिधा हो जाला।

संदर्भ[सम्पादन]

बाहरी कड़ी[सम्पादन]