पाख
पाख (संस्कृत: पक्ष; अंग्रेजी: fortnight)[1] एक किसिम के समय के हिंदू इकाई ह आ सुरुज आ चंद्रमा आधारित हिंदू कलेंडर में हर महीना के दू गो पाख में बाँटल जाला।[2][3] अँजोर पाख भा सुदी के अंत पुर्नवासी (पूर्णिमा) के होला आ अन्हार पाख (बदी) के अंत अमौसा के होला। हर पाख में एक्कम से ले के चतुर्दसी ले, आ ओकरा आगे पुर्नवासी भा अमौसा, मने कुल मिला के पनरह गो तिथी होखे लीं।
संस्कृत शब्द पक्ष के शाब्दिक अर्थ साइड होला।[4] संस्कृत में अन्हार वाला पाख के कृष्णपक्ष आ अँजोर वाला पाख के शुक्लपक्ष कहल जाला। ई क्रम से अंग्रेजी के वैनिंग मून आ वैक्सिंग मून के समकक्ष होखे लें।[5][6] अमौसा तिथी के समय तब सुरू होखे ला जब सुरुज, चंद्रमा आ पृथिवी एक एक सीध के स्थिति - युति भा कौन्जुगेशन - से 12 डिग्री के पहिले के स्थिति होला; सिजिगी के अगिला 12 डिग्री अँजोर के एक्कम तिथि होखे ले।[7]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "पाख/paakh". tadhyatm.pustak.org (Hindi में).
- ↑ Defouw, Hart; Robert Svoboda (2003). Light on Life: An Introduction to the Astrology of India. Lotus Press. p. 186. ISBN 0-940985-69-1.
- ↑ Kumar, Ashwini (2005). Vaastu: The Art And Science Of Living. Sterling Publishers. p. 50. ISBN 81-207-2569-7.
- ↑ Monnier-Williams, M: (1851) Sanskrit Dictionary ISBN (none)
- ↑ "Hindu calendar". ISKCON. Retrieved 1 June 2025.
- ↑ Most, Glenn W. (2006). Hesiod Volume 1: Theogony Works and Days. Harvard University Press.
- ↑ Cole, Freedom (April–September 2014). "Amāvásya and Pratipad". Jyotish Digest. XI (2).
| ई मानक भा नापजोख-संबधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |