Jump to content

पलाश

विकिपीडिया से

पलाश
Top: inflorescence, bottom: leaf
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
Unrecognized taxon (fix): Butea
प्रजाति: Template:Taxonomy/ButeaB. monosperma
दूपद नाँव
Butea monosperma
(Lam.) Taub.
अउरी दूसर नाँव
  • Butea frondosa Roxb. ex Willd.[1]
  • Erythrina monosperma Lam.[2]
  • Plaso monosperma (Lam.) Kuntze[3]

पलाश भा परास (भोजपुरी उच्चारन), एगो छोट से माझिल साइज के फेड़ हवे। वनस्पति बिज्ञान में ई बूटिया मोनोस्पर्मा (Butea monosperma आ पर्यायवाची Butea frondosa Roxb.) के नाँव से जानल जाला आ मूल रूप से बूटिया जाति के दू गो प्रजाति सभ में से एक हवे। हिंदी में एकरा के ढाक के नाँव से भी जानल जाला। ई बसंत रितु के सुरुआत में अपना लाल-नारंगी फूल सभ खातिर परसिद्ध हवे जेकरा चलते एके अंग्रेजी में "फ्लेम ऑफ़ दि फॉरेस्ट" (मने कि "जंगल के आगि") के उपाधि दिहल गइल हवे।

ई भारतीय मूल के पेड़ मानल जाला। भारत, नेपाल आ बंगलादेश में पावल जाला। हिंदू धर्म में ई पबित्र फेड़ मानल गइल हवे। कई पूजा सभ में एकरे पत्ता के इस्तेमाल होखे ला। नवग्रह सभ में ई चंद्रमा के पेड़ मानल गइल हवे आ अक्सर नक्षत्र-वाटिका आ नवग्रह-वाटिका सभ में लगावल जाला।[4] सुघर फूल खातिर ई शोभा के पेड़ के रूप में भी लगावल जाला। एकर पत्ता लाह के किरौना सभ खातिर परसिद्ध हवे जेपर लाख के खातिर इनहन के पोसल जाला।[5] एही से एह पेड़ के एगो नाँव मालाबार लाख ट्री भी हवे। एकरे पत्ता से पत्तलदोना भी बनावल जाला।

  1. "Butea frondosa Roxb. Ex Willd. | Plants of the World Online | Kew Science".
  2. "Butea+monosperma". Germplasm Resources Information Network (GRIN).
  3. "Butea monosperma (Lam.) Taub". theplantlist.org. ThePlantList. Retrieved 28 June 2020.
  4. Jadon, Dr Devesh Kumar; Chauhan, Dr Suman; Yadav, Dr Mridula; Yadav, Indu (2023-01-10). Economic Botany, Ethnomedicine and Phytochemistry (Bilingual Format): e-Book for B.Sc 4th Semester for U.P. State Universities: Common Syllabus (Hindi में). Thakur Publication Private Limited. ISBN 978-93-5755-038-3.
  5. Shukla, Parshuram (2014-01-01). Bharat Ka Rashtriya Pushp Aur Rajyo Ke Rajya Pushp (Hindi में). Radhakrishna Prakashan. ISBN 978-81-8361-319-4.