पद्मावत (फिलिम)

विकिपीडिया से
पद्मावती
डाइरेक्टरसंजय लीला भंसाली
प्रोड्यूसर
  • वायाकॉम 18 मोशन पिक्चर्स
  • भंसाली प्रोडक्शंस
लेखक
  • संजय लीला भंसाली
  • प्रकाश कपाड़िया
स्क्रीनप्लेसंजय लीला भंसाली
कलाकारदीपिका पादुकोण
शाहिद कपूर
रणवीर सिंह
अदिति राव हैदरी
संगीतकारगीत:
संजय लीला भंसाली
बैकग्राउंड:
बापी-तुतुल
सिनेमैटोग्राफीसुदीप चटर्जी
संपादकजयंत जाधर
संजय लीला भंसाली
अकीव अली
प्रोडक्शन
कंपनी
भंसाली प्रोडक्शंस
डिस्ट्रीब्यूटरवायाकॉम 18 मोशन पिक्चर्स
रिलीज के तारीख
  • 1 दिसंबर 2017 (2017-12-01)
देसभारत
भाषाहिंदी
बजट160 करोड़[1]

पद्मावती हाल में रिलीज होखे वाली, हिंदी भाषा में बनल, एगो भारतीय फिलिम बा जेकर डाइरेक्टर संजय लीला भंसाली बाने।[2] भंसाली आ वायकाम 18 मोशन पिक्चर्स के द्वारा ई फिलिम बनावल जा रहल बाटे। फिलिम में रानी पद्मावती के रूप में मुख्य रोल दीपिका पादुकोण कइले बाड़ी। इनके अलावा फिलिम में मुख्य भूमिका में रणवीर सिंह आ शाहिद कपूर बा लोग।

पहिले ई फिलिम 17 नवंबर 2017 के रिलीज होखे वाला रहल[3] बिबाद के चलते अब एकरा रिलीज के तारिख टार के 1 दिसंबर क दिहल गइल बा।[4]

कहानी[संपादन करीं]

फिलिम के कहानी पद्मावत में बर्णित कथा के आधार पर बा। कथा के मोताबिक पद्मावती मेवाड़ के राजा रावल रतन सिंह के रानी रहली। 1303 में तुरुक राजा अल्लाउद्दीन खिलजी चित्तौड़ के किला पर घेरा डरलें। कथा में बतावल जाला की ऊ रानी पद्मावती के हासिल करे खातिर ई हमला कइले रहलें।

कलाकार[संपादन करीं]

बिबाद[संपादन करीं]

साल 2017 के जनवरी महीना में जब एह फिलिम के शूटिंग जयगढ़ के किला में चालू रहल, राजपूत करणी सेना के लोग एह फिलिम के बिरोध में प्रदर्शन कइल आ उनहन लोग के दावा रहे की भंसाली एह में गलत-सलत चीज देखवले बाने।[6] फिलिम के सेट पर उतपात मचावे के कोसिस भी कइल गइल।[7]

6 मार्च 2017 के इहे संगठन के लोग चित्तौड़गढ़ किला में दोबारा उतपात मचावल आ रानी पद्मिनी के महल के शीशा तूर दिहल। भारतीय पुरातत्व बिभाग के अनुसार ई शीसा सभ लगभग चालिस बरिस पुरान रहलें।[8] 15 मार्च 2017 के नामालुम लोगन के झुंड कोल्हापुर में एकरे शूटिंग पर हमला कइल आ सेट पर आगि लगा दिहल जेकरे कारन बहुत सारा पहिनावा के चीज आ गहना जर गइल।[9]

संगीत[संपादन करीं]

फिलिम के गाना सभ के संगीतकार संजय लीला भंसाली बाने आ श्रेया घोषाल के आवाज में गाना के झलक रिलीज हो चुकल बा।[10][11] घोषाल एह फिलिम के चार गो गाना गवले बाड़ी, एह में दीपिका पादुकोण पर फिल्मावल गइल, राजस्थानी नाच घूमर के साथे गावल गइल गाना भी सामिल बाटे।[12][13]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "'Padmavati' makers RUBBISH rumours of increasing budget post 'Baahubali 2' success!". DNA India. 2 मई 2017. Retrieved 23 मई 2017.
  2. "Padmavati And Sanjay Leela Bhansali: The Limits Of Fiction In History".
  3. "It's official! Sanjay Leela Bhansali's Padmavati to release in 2017". Filmfare. 10 अक्टूबर 2016. Retrieved 10 अक्टूबर 2016.
  4. "Padmavati first look: Deepika Padukone cuts a dramatic figure; film to release on 1 December". 21 सितंबर 2017. Retrieved 21 सितंबर 2017.
  5. 5.0 5.1 "Jim Sarbh learns horse riding for Padmavati; gets to play Parsi in Raju Hirani's film". Bollywood Hungama. 7 January 2017. Retrieved 11 February 2017.
  6. Sanjay Leela Bhansali’s upcoming historical movie ‘Padmavati’ is all set for a trial by fire. Thereel.scroll.in (2017-01-28). Retrieved on 2017-05-29.
  7. "Sanjay Leela Bhansali's 'Padmavati' shooting stalled by Rajput group in Jaipur". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 27 जनवरी 2017.
  8. "Karni Sena vandalises Chittorgarh Fort, breaks mirrors in the palace of Rani Padmini". Hindustan Times (अंग्रेजी में). 6 मार्च 2017. Retrieved 2 May 2017.
  9. "Padmavati set in Kolhapur lit up with petrol bombs - Times of India". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Retrieved 2017-08-24.
  10. "Shreya Ghoshal records the first song for Padmavati". The Indian Express. 11 July 2016. Retrieved 2 December 2016.
  11. "Padmavati: Shreya Ghoshal records first song for Deepika Padukone-starrer". Hindustan Times. 13 July 2016. Retrieved 2 December 2016.
  12. "Deepika Padukone To Dance Amidst 400 Lamps For A Ghoomar Dance Sequence In SLB's 'Padmavati'". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 28 November 2016. Retrieved 2 December 2016.
  13. "The grandness of Deepika's 'Ghoomar' song in Padmavati will leave you spellbound". Bollywood Hungama. 28 November 2016. Retrieved 2 December 2016.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]