Jump to content

पटना मल्टी-मॉडल हब आ सबवे

विकिपीडिया से

पटना मल्टी-मॉडल हब आ सबवे

[संपादन करीं]

पटना मल्टी-मॉडल हबभूमिगत सबवे बिहार के राजधानी पटना में बनल एगो आधुनिक यातायात सुविधा हवे, जेकर उद्घाटन 17 मई 2025 के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हाथ से भइल रहे। ई सुविधा 18 मई 2025 से आम जनता खातिर खोलल गइल बा।

ई हब पटना जंक्शन आ जीपीओ गोलंबर के बीच स्थित बा। एकर मुख्य उद्देश्य जंक्शन क्षेत्र के भीषण ट्रैफिक जाम से निजात दिलावल आ यात्रियन के एक जगह से दुसरका जगह तक आसानी से पहुंचावल बा।

विशेषता

[संपादन करीं]

मल्टी-मॉडल हब

[संपादन करीं]
  • ई भवन तीन मंजिला बा।
  • ग्राउंड फ्लोर पर नगर सेवा बसन के पार्किंग बा।
  • पहिलका मंजिल पर ऑटो आ ई-रिक्शा के व्यवस्था बा।
  • दुसरका मंजिल पर टैक्सी आ कैब्स के सुविधा बा।
  • यात्री लोग इहंवा से अपन-अपन सवारी आसानी से पकड़ सकेला।

भूमिगत सबवे

[संपादन करीं]
  • ई सबवे 440 मीटर लंबा बा।
  • सबवे में एस्केलेटर, लिफ्ट आ ट्रैवलेटर लागल बा।
  • ई पूरी तरह से वातानुकूलित (AC) बा, जवना से गर्मी आ धूल-धक्का से राहत मिलेला।
  • लोग अब सड़क पार ना क के सीधे जमीन के नीचे से पटना जंक्शन पहुंच सकेला।

यात्री लोग के प्रतिक्रिया

[संपादन करीं]
  • अधिकतर लोग सुविधा से खुश बाड़े।
  • बुजुर्ग आ महिला यात्री लोग के खास राहत मिलल बा।
  • कुछ लोग शुरुआत में नई व्यवस्था के लेके थोड़ा भ्रम में रहले, बाकिर धीरे-धीरे सब समझ में आवे लागल बा।

प्रशासन के पहल

[संपादन करीं]
  • ट्रैफिक कंट्रोल खातिर स्टेशन रोड पर 40 ट्रैफिक जवान आ 15 अफसर के अतिरिक्त तैनाती भइल बा।
  • साइनबोर्ड, घोषणाक प्रणाली आ गाइडलाइन लागल बा जेहसे यात्रियन के दिशा में सहूलियत मिले।