Jump to content

पंबन दीप

विकिपीडिया से

पंबन दीप तमिलनाडु राज्य में भारत के मुख्य भूमि के दक्खिन-पुरबी समुंद्र-तट के लगे स्थित एगो द्वीप हवे। ई द्वीप श्रीलंका से पाक स्ट्रेट द्वारा अलग होखे ला। एकरे पुरुब में पाक खाड़ी स्थित बा, जबकि पच्छिम में मन्नार के खाड़ी मौजूद बा। पंबन द्वीप तमिलनाडु के रामनाथपुरम जिला के रामेश्वरम तालुका के हिस्सा हवे। क्षेत्रफल के आधार पर ई तमिलनाडु के सबसे बड़ साइज के टापू मानल जाला।

एह दीप पर स्थित प्रमुख नगर रामेश्वरम हवे, जे हिंदू धर्म के एगो प्रसिद्ध तीर्थस्थल के रूप में जानल जाला। रामेश्वरम में स्थित रामनाथस्वामी मंदिर के कारण एह नगर के बिसेस धार्मिक महत्त्व बा।

पंबन द्वीप के भारत के मुख्य भूमि से पंबन पुल द्वारा जोड़ल गइल बा, जे सड़क आ रेल यातायात खातिर बहुते महत्त्वपूर्ण आ इतिहासी संपर्क मार्ग हवे।