न्यूटनकर गति नियम तीनिगो भौतिक नियम बाड़ऽसन जे एक्के जोरे क्लासिकल मैकेनिक्स कर नेंव राखेलऽसन। एखिनी के बस्तु प लागत बर आ होकर गति के संबंध बतावेलऽसन। पहिलका नियम बर के परिभासा देवेला, दूसरका होकर सूत्र देवेला आ तीसरका ई कहेला की अकेले केवनो बर ना रहि सकेला। ई तीनो नियम नीच्चे लिखल बाड़ऽसन:
पहिलका नियम:
कोनो जड़ परसंग परनालि मे, कोनो बस्तु तबले अस्थिर रहेला चाहे एक्के वेग से चलेला, जबले ओहपऽ बहरा से केवनो बर ना लगावल जाला।
दूसरका नीयम:
कोनो जड़ परसंग परनालि मे, बस्तु प लगावल सउँसे बर सदिकन के जोड़ ओह बस्तु के भार m आउर परवेगa के गूना होखेला।: F = ma.