Jump to content

नौगढ़, सिद्धार्थनगर

विकिपीडिया से
सिद्धार्थनगर
नौगढ़
कसबा
सिद्धार्थनगर is located in Uttar Pradesh
सिद्धार्थनगर
सिद्धार्थनगर
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
सिद्धार्थनगर is located in India
सिद्धार्थनगर
सिद्धार्थनगर
सिद्धार्थनगर (India)
Coordinates: 27°18′02″N 83°05′40″E / 27.300501°N 83.094498°E / 27.300501; 83.094498निर्देशांक: 27°18′02″N 83°05′40″E / 27.300501°N 83.094498°E / 27.300501; 83.094498
देश भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलासिद्धार्थ नगर
Government
 • Typeडेमोक्रेसी
 • Bodyनगर पालिका
Population
 (2011)
 • Total25,422
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी
 • लोकलभोजपुरी, अवधी भाषा
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
272207
टेलीफोन कोड05544
Vehicle registrationUP-55
नगीचे के बड़ शहरगोरखपुर, बस्ती
Websitesiddharthnagar.nic.in

नौगढ़, जेकर ऑफिशियल नाँव सिद्धार्थ नगर ह, उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थनगर जिला में एगो कस्बा बाटे। ई शहर एह जिला क मुख्यालयो हवे। एही नाँव के तहसील आ ब्लॉक के मुख्यालयो हवे। शहर के वर्तमान नाँव सिद्धार्थनगर गौतम बुद्ध के बचपन के नाँव सिद्धार्थ के चलते धराइल ह। एहिजा से 22 किलोमीटर उत्तर में पिपरहवा (कपिलवस्तु) नाँव के जगह पर प्राचीन स्तूप बाटे जेकरा के मानल जाला कि ई गौतम बुद्ध के पिता महाराज शुद्धोदन के राजधानी रहल। एही पुरातात्विक महत्व के चलते एह शहर के नाँव सिद्धार्थनगर रखल गइल।

गोरखपुर-बढ़नी-गोंडा लाइन पर नौगढ़ (अब सिद्धार्थनगर) एगो रेलवे टीशन बाटे। सभसे नगीचे के हवाई अड्डा गोरखपुर में बा। गोरखपुर से ई शहर करीबन 100 किलोमीटर उत्तर-पच्छिम में पड़े ला।

मेडिकल कॉलेज

[संपादन करीं]

माधव प्रसाद त्रिपाठी मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल, सिद्धार्थनगर के स्थापना 2021 में उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा कइल गइल। एह संस्था के मकसद समाज के प्रति जिम्मेदार आ सक्षम डॉक्टर तैयार कइल, सिद्धार्थनगर आ आसपास के इलाका में उच्च स्तरीय इलाज उपलब्ध करावल आ राज्य में डॉक्टरन के कमी घटावल हवे। ई कॉलेज उत्तर–पूर्वी उत्तर प्रदेश में स्थित बा आ अटल बिहारी वाजपेयी मेडिकल यूनिवर्सिटी, लखनऊ से संबद्ध बा। एमबीबीएस में दाखिला NEET-UG के मेरिट के आधार पर होला। अस्पताल 350 बेड वाला बा, जहाँ ब्लड बैंक, BSL लैब आ जरूरी चिकित्सीय सुविधा उपलब्ध बा। इहाँ आपातकालीन, ओपीडी, भर्ती, डे-केयर, लैब आ इमेजिंग सेवा मिलेला। ओपीडी सेवा सोमवार से शनिवार रोजाना पूरा समय चलेला।