Jump to content

नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट (नीट)

विकिपीडिया से
नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट (अंडरग्रेजुएट)
AcronymNEET (UG)
Developer / administratorनेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए)
Knowledge / skills testedZoology, Botany, Chemistry and Physics
PurposeAdmission to undergraduate Medical courses in Central and State government and private colleges all over India. Qualification mandatory for pursuing the same abroad.
Duration180 minutes
Score / grade range-180 to +720
OfferedOnce a year
Restrictions on attemptsunlimited attempts
Countries / regionsभारत
Websiteneet.nta.nic.in

नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट (अंग्रेजी: National Eligibility cum Entrance Test) (नीट — NEET) जेकरा के पहिले ऑल इंडिया प्री-मेडिकल टेस्ट (एआईपीएमटी) कहल जाव, भारत भर में आयोजित होखे वाली मेडिकल प्रवेश परीक्षा हवे। एह परीक्षा के आयोजन नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) द्वारा ग्रेजुएट लेवल के मेडिकल प्रोग्रामन में दाखिला खातिर कइल जाला। मेडिकल प्रोग्राम सभ में दाखिला खातिर ई अनिवार्य इंतिहान हवे आ आवेदकन के संख्या के हिसाब से भारत के सबसे बड़हन इंतिहान मानल जाला।

2012 तक एआईपीएमटी के आयोजन सीबीएसई करावे। 2013 में एआईपीएमटी के जगह NEET-UG शुरू कइल गइल, ईहो सीबीएसई द्वारा कइल गइल। हालाँकि, कानूनी विवादन के चलते 2014 आ 2015 में NEET के अस्थायी रूप से हटा के फेर एआईपीएमटी लागू कइल गइल। 2016 में NEET के दोबारा लागू कइल गइल आ सीबीएसई द्वारा आयोजित कइल गइल। 2019 से एह परीक्षा के आयोजन के जिम्मेदारी एनटीए के दे दिहल गइल।

सितंबर 2019 में राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग अधिनियम, 2019 (NMC Act 2019) लागू होखला के बाद NEET-UG भारत के मेडिकल कॉलेजन में दाखिला खातिर एकमात्र प्रवेश परीक्षा बन गइल। एहमें एम्स आ जवाहरलाल स्नातकोत्तर चिकित्सा शिक्षा आ अनुसंधान संस्थान भी शामिल बाड़ें, जे एहसे पहिले आपन अलग प्रवेश परीक्षा आयोजित करत रहलें।