Jump to content

नुक़्ता

विकिपीडिया से
(नुक्ता से अनुप्रेषित)

नुक़्ता चाहे नुक्ता एक किसिम के लिखाई के बिसेस चीन्हा भा डायक्रिटिक हवे जे देवनागरी आ कुछ अउरी इंडिक लिखाई सभ में ओह ध्वनी सब के लिखे खातिर ले आइल गइल जे पहिले से एह लिखाई सिस्टम सभ में ना रहलीं। ई एगो बिंदी होला के मूल अच्छर के नीचे लगावल जाला। ई अरबी लिखाई से प्रेरणा ले के ईजाद कइल गइल हवे काहें से कि अरबी लिखाई उपजल अरबी-फ़ारसी लिखाई में एकही मूल अच्छर रूप के ऊपर-नीचे बिंदी सभ के लगावे से अलगा-अलगा ध्वनी वाला अच्छर बन जालें। उदाहरन खातिर उर्दू के अच्छर ऐन ع के ऊपर नुक्ता लगा देवे से ऊ ग़ैन غ बन जाला।

देवनागरी में इस्तेमाल

[संपादन करीं]

फ़ारसी-अरबी आगत शब्दन में

[संपादन करीं]

नुक़्ता शब्द खुदे एह बिसेस चीन्हा के इस्तेमाल के उदाहरन बाटे, जेह में क़, नीचे बिंदी के साथे लिखल जाला। अउरी उदाहरन क़िला, आग़ा ख़ान वगैरह बाने। बहुधा उच्चारण आ लिखे घरी दुनों में कुछ लोग नुक्ता छोड़ के भी लिखे ला आ ओही किसिम के उच्चारनो करे ला। अइसन चलन के कुछ लोग देहाती बोली के परभाव भी माने ला।

Nuqta usage in writing Perso-Arabic consonants
LetterWith nuqtaIPAExample
हिंदी: हिंदी: क़qहिंदी: नुक़्ता
हिंदी: हिंदी: ख़, xaxहिंदी: ख़ान
हिंदी: हिंदी: ग़ɣहिंदी: ग़ा ख़ान
हिंदी: हिंदी: ङ़ŋहिंदी: शुङ़ा
हिंदी: हिंदी: ज़zहिंदी: अंग्रेज़ी
हिंदी: हिंदी: झ़, zhaʒहिंदी: अझ़दहा
हिंदी: हिंदी: ञ़ɲहिंदी: खालुञ़
हिंदी: हिंदी: ड़ɽहिंदी: बड़ा
हिंदी: हिंदी: ढ़ɽʰहिंदी: पढ़ना
हिंदी: हिंदी: फ़fहिंदी: साफ़
हिंदी: हिंदी: य़yहिंदी: फुकाय़ान