नीलकंठ
| Indian roller | |
|---|---|
| गुजरात में नीलकंठ | |
| बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
| Unrecognized taxon (fix): | Coracias |
| प्रजाति: | Template:Taxonomy/CoraciasC. benghalensis |
| दूपद नाँव | |
| Coracias benghalensis (Linnaeus, 1758) | |
breeding range non-breeding range | |
| अउरी दूसर नाँव | |
| |
नीलकंठ भा निलकंठ, (अंग्रेजी: Indian roller; बैज्ञानिक नाँव: Coracias benghalensis) चिरई सभ के कोरासिडाइए (Coraciidae) परिवार के एगो चिरई ह। एकर लमहराई 30–34 सेमी (0.98–1.12 फीट), पंख के फइलाव 65–74 सेमी (2.13–2.43 फीट) आ वजन 166–176 ग्रा (5.9–6.2 औंस) होला। एकर चेहरा आ गला गुलाबी रंग के, माथा आ पीठ भूअर रंग के होला, जबकि कमर पर नीला रंग आ पंख आ पोंछ पर हल्का आ गाढ़ नीला रंग के बीच बढ़िया कंट्रास्ट देखे के मिले ला। उड़त घरी पंख पर के चमकीला नीला निशान साफ देखाई देला। नर आ मादा देखे में एकही जइसन होलें। बैज्ञानिक लोगन द्वारा एकर दू गो उपप्रजाति मानल गइल बा।
इंडियन रोलर पच्छिम एशिया से ले के भारतीय उपमहाद्वीप तक के इलाका में बड़ पैमाना पर मिले ला। ई अक्सर सड़क किनारे के पेड़ आ तार पर बइठल देखाई देला। खुलल घास के मैदान आ झाड़ीदार जंगल एकर आम रहन-सहन के जगह ह, आ ई इंसान के कामकाज आ हस्तक्षेप से बदल चुकल इलाकन में भी नीक से ढल गइल बा। ई मुख्य रूप से कीड़ा-मकोड़ा, खास करके बीटल, खाला। प्रजनन के सीजन में एह प्रजाति के नर के हवाई कलाबाजी वाला प्रदर्शन खातिर सबसे बेसी जानल जाला। वयस्क नर आ मादा जोड़ी बनाके रहेलें आ मिल के बच्चन के पोसे लें। मादा 3–5 गो अंडा कवनो खोखल जगह भा दरार में देले, जेकर भीतर पुअरा, घास भा पंख के पतला तह बिछावल रहेला। इंडियन रोलर तीन गो भारतीय राज्यन के राज्य पक्षी ह। आईयूसीएन रेड लिस्ट में एकरा के सबसे कम चिंता वाली प्रजाति (लीस्ट कंसर्न) के कटेगरी में रखल गइल बा।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Lua error in Module:Cite_IUCN at line 217: attempt to call field '_citation' (a nil value).
| ई चिरई-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |