निकोलस मादुरो
ई लेख एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे। |
2025 में मादुरो | |
| वेनेज़ुएला के राष्ट्रपति | |
पद पर मौजूद | |
| पदभार लिहल गइल 5 March 2013 | |
| इनसे पहिले | ह्यूगो चावेज़ |
| निजी जानकारी | |
| जनम | Nicolás Maduro Moros 23 नवंबर 1962 कराकास, वेनेजुएला |
| राजनीतिक पार्टी | United Socialist Party of Venezuela (PSUV) (2007 से) |
| अन्य राजनीतिक जुड़ाव | Fifth Republic Movement (MVR) (2007 तक ले) |
| जीवनसाथी |
|
| अकुपेशन |
|
| दस्खत | |
निकोलस मादुरो मोरोस (Nicolás Maduro Moros; जनम 23 नवंबर 1962) वेनेज़ुएला के राजनेता आ पूर्व ट्रेड यूनियन नेता हउवन। ऊ 2013 से वेनेज़ुएला के राष्ट्रपति रहलें। एहसे पहिले ऊ 2012 से 2013 तक राष्ट्रपति ह्यूगो चावेज़ के कार्यकाल में उपराष्ट्रपति रहलें, आ 2006 से 2012 तक विदेश मंत्री के जिम्मेदारी निभवलें।
जनवरी 2026 से मादुरो संयुक्त राज्य अमेरिका के सेना द्वारा हिरासत में रखल गइल बाड़ें, एह कारण ऊ राष्ट्रपति पद के जिम्मेदारी निभावे में असमर्थ बाड़ें।[1]
निकोलस मादुरो के सरकार के अक्सर सत्तावादी (तानाशाही) बतावल जाला। इनका पर चुनाव में धांधली, मानवाधिकार उल्लंघन, भ्रष्टाचार आ गंभीर आर्थिक संकट के आरोप लगावल गइल बा। 2013 से 2023 के बीच वेनेज़ुएला प्रेस फ्रीडम इंडेक्स में 42 पायदान नीचे गिर गइल। संयुक्त राष्ट्र आ ह्यूमन राइट्स वॉच के अनुमान अनुसार, मादुरो के शासनकाल में 20,000 से जियादा लोग न्यायालय के बाहर हत्या (extrajudicial killings) के शिकार भइलन, आ 70 लाख वेनेज़ुएलावासी देश छोड़ के जाए खातिर मजबूर भइलन। वेनेज़ुएला पर यूएन फैक्ट–फाइंडिंग मिशन के निष्कर्ष रहे कि देश के न्याय व्यवस्था के स्वतंत्रता घटल बा। मिशन ईहो बतवलस कि उचित कानूनी प्रक्रिया के बार-बार उल्लंघन भइल, जवना में राजनीतिक दखल आ यातना से हासिल कइल सबूत के स्वीकार कइल जाए के आरोप शामिल बाड़ें।
देश के अधिकांश टेलीविजन चैनल राज्य के नियंत्रण में बाड़ें, आ सरकार के खिलाफ जानकारी के पूरा कवरेज अक्सर ना होखेला। 2018 में ऑर्गेनाइजेशन ऑफ अमेरिकन स्टेट्स (OAS) द्वारा नियुक्त बोर्ड आरोप लगवलस कि मादुरो के राष्ट्रपति कार्यकाल में वेनेज़ुएला में मानवता के खिलाफ अपराध भइल बाड़ें। 2021 में अंतरराष्ट्रीय आपराधिक न्यायालय (ICC) के अभियोजक कार्यालय देश के हालात पर जाँच शुरू करे के घोषणा कइलस। मादुरो एह सब आरोपन के इनकार करेलन आ दलील देलन कि संयुक्त राज्य अमेरिका वेनेज़ुएला के खिलाफ साजिश रच के संकट पैदा करे के कोशिश करत बा, ताकि शासन परिवर्तन के बहाना बनावल जा सके।
2026 में वेनेज़ुएला में भइल अमेरिका के हवाई हमलन के दौरान, डोनाल्ड ट्रंप कहलन कि निकोलस मादुरो के उनकर पत्नी सिलिया फ्लोरेस के संगे पकड़ लिहल गइल बा। एह पर वेनेज़ुएला के उपराष्ट्रपति डेल्सी रोड्रीगेज़ पुष्टि कइली कि मादुरो लापता बाड़ें आ उनकर तुरंत “जियत होखे के प्रमाण” (proof of life) देवे के मांग कइली।[2][3]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "ट्रंप ने मादुरो की जारी की तस्वीर, प्रेस कॉन्फ़्रेंस में बताया अमेरिका ने वेनेज़ुएला में कैसे किया ऑपरेशन". BBC News हिंदी (Hindi में). 3 जनवरी 2026. Retrieved 3 जनवरी 2026.
- ↑ Spivey, Matt; McGarvey, Emily; Lee, Dulcie, eds. (2026-01-03). "Venezuela latest: Trump says US has 'captured' President Maduro in strikes on country - latest". BBC News (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-01-03.
- ↑ Ali, Idrees; Ward, Jasper (3 January 2026). "Trump says Venezuela's Maduro captured after strikes". Reuters. Retrieved 3 January 2026.
| ई लेख केहू नेता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |