Jump to content

नाटककार

विकिपीडिया से

नाटककार (अंग्रेजी: playwright,प्लेराइट;[1] भा dramatist, ड्रामेटिस्ट[2]) ऊ व्यक्ति होला, जे नाटक लिखेला। नाटक, नाट्य साहित्य (ड्रामा) के एगो रूप ह, जवना में मुख्य रूप से पात्रन के बीच संवाद (डायलाग) होलें आ जेकर रचना पढ़े से बेसी मंच पर प्रस्तुति खातिर कइल जाला। अंग्रेज लेखक बेन जॉनसन अंग्रेजी में प्लेराइट शब्द के गढ़ले रहलें, आ अंग्रेजी साहित्य में ऊ पहिला व्यक्ति मानल जालें, जे नाटककारन के कवियन से अलग पहचान दिहलें; हालाँकि, ऊ एह शाब्द के इस्तमाल नाटक लिखे वाला लोगन के कवी लोगन के तुलना में तुच्छ आ हेय देखावे खाती कइले रहलन।[3]

पच्छिमी साहित्य में, जिनकर रचना आजो उपलब्ध बा, ओह सभ में सबसे पुरान नाटककार प्राचीन यूनान के रहल लोग। विलियम शेक्सपियर अंग्रेजिये साहित्य के ना, बलुक दुनियाँ भर के साहित्य के सबसे परसिद्ध नाटककारन में गिनल जालें। संस्कृत साहित्य में कालिदास के सभसे बड़हन नाटककार मानल जाला आ उनुकर नाटक अभिज्ञानशाकुंतलम् सभसे महान रचना मनाला। उर्दू-हिंदी, में पारसी थियेटर के जमाना के रचनाकार आगा हश्र काश्मीरी के नाँव परसिद्ध नाटककार लोगन में गिनल जाला। भोजपुरी-भाषा के सभसे परसिद्ध रचनाकार भिखारी ठाकुर अपना लिखल नाटकने खाती परसिद्ध हवें।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Definition of playwright". Merriam-Webster. Archived from the original on 17 January 2018. Retrieved 27 April 2018.
  2. "Definition of dramatist". Merriam-Webster. Archived from the original on 27 January 2018. Retrieved 27 April 2018.
  3. "Jonson, Ben, The Works of Ben Jonson, Boston: Phillips, Sampson and Co., 1853. page 788". Luminarium: Anthology of English Literature. 2003-08-10. Archived from the original on 2012-07-12. Retrieved 2012-04-23.