धसान नदी
| धसान नदी | |
|---|---|
धसान के एगो सीन | |
| लोकेशन | |
| देस | भारत |
| राज्य | मध्य प्रदेश उत्तर प्रदेश |
| क्षेत्र | बिचला भारत, बुंदेलखंड |
| भौतिक लच्छन सभ | |
| मुहाना | बेतवा नदी |
- coordinates | 25°29′N 79°14′E / 25.48°N 79.24°Eनिर्देशांक: 25°29′N 79°14′E / 25.48°N 79.24°E |
धसान नदी बिचला भारत में बहे वाला एगो नदी ह। ई बेतवा नदी के दहिना ओर से एह में मिले वाली सहायिका नदी ह। ई मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश के बुंदेलखंड इलाका में बहे ले।
उदगम आ लंबाई
[संपादन करीं]धसान नदी के उद्गम बेगमगंज तहसील, रायसेन जिला, मध्य प्रदेश में होला। एकरा बाद ई सागर जिला में बहे ले।
ई नदी उत्तर प्रदेश के ललितपुर जिला के दक्खिन-पूरबी सीमा बनावेला। एकर कुल लंबाई 365 किलोमीटर बा, जवना में से 240 किलोमीटर मध्य प्रदेश में, 54 किलोमीटर मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश के सझिया बाडर के रूप में, आ 71 किलोमीटर उत्तर प्रदेश में बा।
हाइड्रोग्राफी
[संपादन करीं]कथन, मंगरार, बचनेरी, सुखनई आ रोहनी एकर सहायक नदियन में शामिल बाड़ी स।
धसान नदी पर दू गो बाँध बनावल गइल बा—एगो पहाड़ी पर बनल बान सुजारा बाँध आ दूसरा आगे घाट लहचूरा बाँध। 1910 में तीन शाखा वाला सिंचनी खातिर बनल नहर खोलल गइल, जे नदी के कुछ पानी दुसरका ओर मोड़ के बुंदेलखंड इलाका में पानी पहुँचावेला।
कुछ बिद्वान लोगन के हिसाब से पुरान समय में एह नदी के दशार्ण नाँव से जानल जात रहे[1][2][3] आ एही के नाँव प बुंदेलखंड के एह इलाका के दशार्ण प्रदेश कहल जाय। आसपास के गाँव के निवासी एह नदी के एगो पवित्र नदी मानेलें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Rayeen, Arif (24 मार्च 2020). Bundelkhand Ki Prodyogiki Sanskriti (Hindi में). Book Rivers. pp. 22–23. ISBN 978-93-88727-90-7. Retrieved 25 सितंबर 2026.
- ↑ Tiwari, Prof (Dr ) Ravindra Nath; Sharma, Dr Brahmanand; Bhaghel, Shri Aditya Singh; Mishra, Shri Ashish Kumar (23 अगस्त 2025). Uttar Pradesh Ki Nadiyan (Hindi में). Prabhat Prakashan. ISBN 978-93-86870-68-1. Retrieved 25 सितंबर 2026.
- ↑ द्विवेदी, राकेश नारायण. स्थान-नाम समय के साक्षी (ललितपुर जनपद के संदर्भ में) (Hindi में). p. 15. ISBN 978-81-908912-2-6. Retrieved 25 सितंबर 2026.
| ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |