दि मैट्रिक्स रिसरेक्शंस

विकिपीडिया से
The Matrix Resurrections
डाइरेक्टरलाना वाचोवस्की
कलाकार
डिस्ट्रीब्यूटरवार्नर ब्रदर्स पिक्चर्स
रिलीज के तारीख
देसअमेरिका
भाषाअंग्रेजी

दि मैट्रिक्स रिसरेक्शंस (The Matrix Resurrections), मैट्रिक्स 4, हाल में रिलीज होखे वाली एगो फिलिम बा। एह फिलिम के लाना वाचोव्सकी लिखले आ डाइरेक्ट कइले बाड़ी। फिलिम मैट्रिक्स सीरीज के चउथी फिलिम हवे आ एहू में कीनू रीव्ज मेन भूमिका में बाड़ें। भारतीय हिरोइन प्रियंका चोपड़ा एह फिलिम में मैट्रिक्स सीरीज से जुड़े वाले लोगन में बाड़ी।[1]

फिलिम के शुरुआत 2020 में भइल रहे बाकी कोविड महामारी के चलते एकरा शूटिंग के रोके के परल। अब ई फिलिम बन के तइयार बाटे आ 16 दिसंबर 2021 के एकर प्रीमियर कनाडा के टोरंटो शहर में होगी। 22 दिसंबर के ई वार्नर ब्रदर्स पिक्चर्स कंपनी द्वारा सिनेमा हाल सभ में रिलीज होखी आ साथे-साथ ई अमेरिका में एचबीओ मैक्स पर स्ट्रीम होखी।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "प्रियंका चोपड़ा ने शेयर किया फिल्म द मैट्रिक्स रिसरेक्शन्स का पोस्टर एक्ट्रेस का दिखा अलग अंदाज". नई दुनिया (हिंदी में). 23 नवंबर 2021. Retrieved 11 दिसंबर 2021.