दाल भात
Appearance
दाल भात चाहे भात दाल, जेकरा के दाल चावल भी कहल जाला, दाल आ चावल से बनल एगो व्यंजन ह। एह में दाल (मसूर, अरहर आदि) के गाढ़ सूप आ भात (पकावल चाउर) होला। ई दक्खिन एशिया के पारंपरिक खाना ह आ एह इलाका के साथे-साथ कैरेबियन छेत्र में भी रोज खाए वाला आम खाना में से एगो ह। ई खाना सिंपल, पौष्टिक आ रोज के मुख्य भोजन के रूप में बहुत खाइल जाला। दाल आ भात के जोड़ी के खास मानल जाला, काहे कि एहसे प्रोटीन आ कार्बोहाइड्रेट दुनो मिलेला, जेकरा चलते ई एगो संतुलित आ मजिगर पेट भरे वाला खाना बन जाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]
| ई भारतीय पकवान–संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई रसोई-संबंधित लेख खाना या पकवान बनावे के तरीका की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |