दाल पीठा
Appearance
| खाए के समय | मेन कोर्स |
|---|---|
| क्षेत्र | भोजपुरी क्षेत्र |
दाल पीठा, दल पिठा चाहे दल पिठिया भा दल पिठी, यूपी आ बिहार के भोजपुरी क्षेत्र क एगो पारंपरिक व्यंजन हवे। एहमें चाउर के पिसान के लोई के भीतर मसालेदार दाल के भरावन भरल जाला, आ एकरा के खउलत पानी के भाप में पकावल जाला। भारतीय भाषा सभ में "दल" के अर्थ दाल आ "पिठा" भा "पिठी" के अर्थ गोहूँ भा ताजा चाउर के आटा से बनल पकवान होला। भाप में पकावल गइल दल पिठा के साइज-शेप परंपरागत रूप से गुझिया जइसन होखेला। पूर्वांचल के भोजपुरी क्षेत्र में एकरा के गोझा, भकोसा आ फारा के नाँव से जानल जाला।[1][2]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "गुजिया तो आप सब ने खाया होगा पर क्या आपने गोझा खाया है? चखिए गोझे का स्वाद आ गई रे चटोरी में". Khabar Lahariya (खबर लहरिया) (अंग्रेजी में). 8 अक्टूबर 2020. Retrieved 10 जुलाई 2026.
- ↑ रावत, उमा (13 जनवरी 2022). "उत्तर भारतीय चना दाल फरा रेसिपी | भकोसा | गोझा | चावल के फरे". FoodzLife (Hindi में). Retrieved 10 जुलाई 2026.
| ई खाना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |