Jump to content

दक्षिणामूर्ति स्तोत्र

विकिपीडिया से
दक्षिणामूर्ति स्तोत्र
जानकारी
धरमहिंदू धर्म
लेखकआदि शंकर
भाषासंस्कृत
छंद10

दक्षिणामूर्ति स्तोत्र (संस्कृत: दक्षिणामूर्तिस्तोत्र, romanized: Dakṣiṇāmūrtistotra) एगो संस्कृत धार्मिक स्तोत्र ह, जे भगवान शिव के समर्पित बा आ जेकर रचनाकार आदि शंकराचार्य मानल जालें। ई स्तोत्र अद्वैत वेदांत परंपरा के संदर्भ में ब्रह्मांड के तत्वमीमांसा (मेटाफिजिक्स) के व्याख्या करेला।

हिंदू पुराणन में, दक्षिणामूर्ति भगवान शिव के एगो रूप हवे, जे एह पुराणन के मोताबिक ज्ञान के सर्वोच्च देवता हउवें। ई रूप शिव के गुरु रूप में दर्शावेला, जहाँ उ हर तरह के ज्ञान के दाता हउवें। ई रूप शिव के परम जागरूकता, बोध आ ज्ञान के प्रतीक ह। एही रूप में शिव योग (आदियोगी – सभसे पहिला योगी), संगीत, आ बुद्धि के मूल स्रोत मानल जालें आ शास्त्रन के व्याख्या करे वाला रूप में देखल जालें।

जवना तरीका से अधिकांश हिंदू स्तोत्रन में भगवान के मानवीय रूप आ ओह लोग के दिव्य कार्यन के वर्णन रहेला, दक्षिणामूर्ति स्तोत्र ओहसे बहुते अलग किसिम के स्तोत्र ह। ई स्तोत्र अवधारणात्मक (कांसेप्चुअल) आ दार्शनिक रूप में रचल गइल बा। एहके श्लोक आत्मा के एकता के व्याख्या करेलन, जवन इंद्रियन के विविधता के बीच में मौजूद बा।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]