Jump to content

त्रिशूली नदी

विकिपीडिया से
त्रिशूली नदी
रसुवा जिला में त्रिशूली के बहाव
लोकेशन
भौतिक लच्छन सभ
Source 
 - locationगोसाईकुंड, रसुवा, नेपाल
मुहाना 
 - location
नारायणी नदी
थाला लच्छन
नदी सिस्टमनारायणी नदी
सहायिका 
 - leftबूढ़ी गंडकी नदी, मारश्यंगदी नदी, सेती गंडकी
 - rightजारोंग-छू

त्रिशूली नदी मध्य नेपाल में नारायणी नदी के बेसिन के एगो प्रमुख सहायक नदी ह। ई नदी तिब्बत के ग्यिरोंग काउंटी से निकले वाली क्यिरोंग त्सांगपो आ लेंडे खोला के आपस में मिले से बने ले। ई दुनु नदी नेपाल–तिब्बत सीमा पर रसुवा गढ़ी के लगे एक-दूसरा में मिलेली। नदी के घाटी पहिले के जमाना से काठमांडू घाटी आ तिब्बत के बीच पारंपरिक व्यापारिक रास्ता के रूप में इस्तेमाल होत आ रहल बाटे।

पर्यटन के हिसाब से त्रिशूली नदी के राफ्टिंग एडवेंचर खाती जानल जाला। एकरा रास्ता में कई गॉर्ज आ रैपिड पड़े ले जे एह में राफ्टिंग के मजेदार बनावे लें। लगही चितवन नेशनल पार्क एगो प्रमुख आकर्षण हवे।

2026 के अगस्त में एह नदी में भयानक बाढ़ आइल जे एकरा ऊपरी हिस्सा में ग्लेशियर टूट के गिरे से आइल। ग्लेशियर आ मलबा टूट के गिरे के घटना एतना ताकतवर रहल कि एकरा चलते 5.2 पैमाना के भूडोल के झटका आइल आ ई ट्रेमर अमेरिका आ जर्मनी तक ले के सीज्मोमीटर सभ द्वारा दर्ज कइल गइल। एकरा चलते नदी के निचला हिस्सा में रसुवा आ नुवाकोट जिला में भारी तबाही भइल। कई सौ लोग के मूए आ गायब होखे के इस्थिति बन गइल।