तेहरान
Appearance
तेहरान (फ़ारसी: تهران) ईरान देस के राजधानी आ सबसे बड़ा शहर हवे। ई तेहरान प्रांत के राजधानी ह, आ तेहरान काउंटी आ ओकरा सेंट्रल डिस्ट्रिक्ट के प्रशासनिक केंद्रो हवे। शहर में करीब 9 मिलियन लोग बसल बा, आ पूरा मेट्रोपॉलिटन इलाका में लगभग 16.8 मिलियन आबादी बा। तेहरान ईरान आ पच्छिम एशिया के सबसे बेसी आबादी वाला शहर हवे, आ मध्य पूर्व में जनसंख्या के लिहाज से दुसरका नंबर पर हवे — पहिला नंबर पर मिस्र के राजधानी काहिरा बा। दुनिया के हिसाब से ई 24वाँ सबसे बेसी जनसंख्या वाला महानगरीय इलाका हवे। ग्रेटर तेहरान में कई ठे अलग-अलग नगरपालिका शामिल बाड़ी — जइसे: करज, इस्लामशहर, शहरियार, क़ोद्स, मलार्ड, गोलस्तान, वरामिन, पाकदश्त, क्वारचक, नसीमशहर, परंद, पर्दीस, अंदिशेह, आ फर्दीस।
| ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |