Jump to content

तिहुआर

विकिपीडिया से

परब आ तिहुआर (अंग्रेजी: festival, फेस्टिवल) कौनों समुदाय के लोगन द्वारा खास मोका भा दिनन के रूप में मनावल जालें जे ओह समुदाय के धरम, परंपरा आ संस्कृति से जुड़ल होखे लें। धार्मिक परब आ तिहुआर सभ धरम के मान्यता आ ओकरा से जुड़ल देवी-देवता भा कौनों दूसर महान ब्यक्ति के जनमदिन भा अउरी कौनों महत्व के घटना के दिन हो सके लें; परंपरा वाला परब-तिहुआर पुराना ज़माना से चल आ रहल अइसन तिहुआर हो सके लें जे खेती-किसानी के सीजनल चक्र के महत्व वाला दिनन आ ज्योतिषीय घटना सभ से संबंधित हो सके लें; देस भा राष्ट्र के एकता आ एकजुटता से जुड़ल दिन आ दिवस आ महापुरुष लोगन के जिनगी से जुड़ल महत्व वाली घटना के दिन हो सके लें। एह तरीका से इनहन के धार्मिक तिहुआर, परंपरागत तिहुआर, सांस्कृतिक परब-तिहुआर आ राष्ट्रीय परब के रूप में बाँटल जा सके ला।

पुराना समय से लगभग हर क्षेत्र-बिसेस आ संस्कृति में खेती-किसानी के काम साल के अलग-अलग सीजन के हिसाब से चलत आ रहल बाटे। ई तिहुआर अकसरहा सुरुज आ चंद्रमा के गति के हिसाब, ओह इलाका के कैलेंडर के हिसाब से, से मनावल जात आ रहल बाड़ें। साथे-साथ इहो देखल जाला कि आगे चल के इनहन के धर्म के साथे फ्यूजन भ गइल आ एकरा के चलते कई बेर इहो तय कइल मुश्किल हो जाला कि कवन तिहुआर पुराना परंपरा आ खेती-किसानी से जुड़ल बा आ आगे चल के ओकरा के धार्मिक परब-तिहुआर बना लिहल गइल।