तमिलनाडु बिधानसभा
तमिलनाडु बिधानसभा | |
|---|---|
| 17वीं बिधानसभा | |
| Type | |
| Type | एक सदन वाली |
Term limits | 5 बरिस |
| Leadership | |
स्पीकर | TBA |
TBA | |
नेता प्रतिपक्ष | TBA |
| Structure | |
| Seats | 234 |
| Elections | |
| फर्स्ट-पास्ट-द-पोस्ट सिस्टम | |
Last election | 23 अप्रैल 2026 |
Next election | 2031 |
| Meeting place | |
| 13°04′47″N 80°17′14″E / 13.0796°N 80.2873°Eनिर्देशांक: 13°04′47″N 80°17′14″E / 13.0796°N 80.2873°E तमिलनाडु के मुख्य सेक्रेटरिएट, चेन्नई, तमिलनाडु | |
| Website | |
तमिलनाडु बिधानसभा (अंग्रेजी: Tamil Nadu Legislative Assembly) भारत के राज्य तमिलनाडु के एक सदन वाला बिधानमंडल हवे। एह में कुल 234 सदस्य (एमएलए) होलें, जे सभे फर्स्ट-पास्ट-द-पोस्ट सिस्टम से लोकतांत्रिक तरीका से इलेक्शन में चुनल जालें। बिधानसभा के अध्यक्षता स्पीकर करेलें। एह बिधानसभा के कार्यकाल पाँच साल के होला, अगर ओकरा पहिले भंग ना कइल जाव।
तमिलनाडु में एकसदनीय (एक सदन वाला - यूनीकैमरल) बिधानमंडल बा, एह चलते 'तमिलनाडु लेजिस्लेचर' आ 'तमिलनाडु लेजिस्लेटिव असेंबली' शब्द के लोग कई बेर एके मतलब में इस्तेमाल करेला, हालाँकि दुनो बिल्कुले एक चीज ना हवे। तमिलनाडु लेजिस्लेटिव असेंबली आ तमिलनाडु के गवर्नर दुनो मिलके राज्य के बिधानमंडल बनावेलें।
आज के तमिलनाडु राज्य पहिले के मद्रास प्रेसिडेंसी के बचल हिस्सा हवे आ पहिले एकर नाम मद्रास स्टेट रहे। एह प्रेसिडेंसी में सबसे पहिला विधायी संस्था मद्रास लेजिस्लेटिव काउंसिल रहे, जे 1861 में एगो गैर-प्रतिनिधिक सलाहकार बॉडी के रूप में बनावल गइल रहे। 1919 में, भारत सरकार अधिनियम 1919 के तहत डायार्की (द्वैध शासन) लागू भइल, जवना के साथे-साथ सीधा चुनाव (डाइरेक्ट इलेक्शन) के शुरुआत भइल। 1920 से 1937 तक लेजिस्लेटिव काउंसिल, मद्रास प्रेसिडेंसी के एकसदनीय बिधानमंडल रहल। बाद में भारत सरकार अधिययम 1935 द्वारा डायार्की खत्म कइल गइल आ मद्रास प्रेसिडेंसी में द्विसदनीय (दू सदन वाला) बिधानमंडल बनावल गइल। एह व्यवस्था में लेजिस्लेटिव असेंबली निचला सदन (लोवर हाउस) बन गइल।
मौजूदा सत्रहवीं लेजिस्लेटिव असेंबली के गठन मई 2026 में भइल। एह के गठन 2026 के बिधानसभा चुनाव के बाद कइल गइल, जवना में राज्य के इतिहास में पहिला बेर हंग असेंबली के स्थिति बनल। मतलब कि इलेक्शन से पहिले के बनल कवनो गठबंधन बहुमत हासिल ना क पवलस; अब के सरकार बनाई ई मामिला लटक गइल बाटे। एह इलेक्शन में एक्टर से राजनीति में आइल नेता सी. जोसेफ विजय के तमिलग वेत्री कजगम पार्टी अपना पहिलके चुनाव में एह बिधानसभा के सबसे बड़ा पार्टी (108 सीट पर बिजई) बन के सोझा आइल बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई लेख राजनीति की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |