Jump to content

डेविड एटनबरो

विकिपीडिया से
David Attenborough
Attenborough in 2019
Born
डेविड फ्रेडरिक एटनबरो
(David Frederick Attenborough)

(1926-05-08) 8 मई 1926 (उमिर 100)
आइल्वर्थ, मिडिलसेक्स, इंग्लैंड
Educationकैंब्रिज यूनिवर्सिटी (एमए)
Occupations
  • ब्रॉडकास्टर
  • नैचुरल हिस्ट्री बिसेसग्य
  • लेखक
Years active1951–अबतक
Title
Spouses
Jane Ebsworth Oriel
(बि. 1950; नि. 1997)
Children2
Signature

सर डेविड एटनबरो (जनम: 8 मई 1926) एगो अंग्रेज ब्रॉडकास्टर, नैचुरल हिस्ट्री के बिशेषज्ञ आ लेखक बाड़ें। उनकर प्रस्तुतकर्ता (होस्ट) के रूप में करियर 1954 में जू क्वेस्ट कार्यक्रम से शुरू भइल, आ लगभग आठ दशक के बिस्तार लिहले बा। उनकर काम में कई प्रसिद्ध डॉक्यूमेंट्री सीरीज शामिल बा—जइसे The Life Collection, Natural World, Wildlife on One, Planet Earth, The Blue PlanetBlue Planet II नियर बेहतरीन रचना सामिल बाड़ी स। एटनबरो दुनिया के एकलौता अइसन बेकति बाड़ें जवन बाफ्टा अवार्ड ब्लैक-एंड-वाईट, रंगीन, हाई-डेफिनिशन, 3D आ 4K—सभ फॉर्मेट में जीत चुकल बाड़ें।

अपना जीवन में ऊ कई दर्जन मानद उपाधि आ अवार्ड आ पुरस्कार पवले बाड़ें, जेमे प्राइमटाइम एम्मी अवार्ड (बेहतरीन स्टोरीटेलर खातिर) तीन बेर आ एक बेर के डेटाइम एमी अवार्ड (Daytime Emmy Award) (उत्कृष्ट डे-टाइम पर्सनैलिटी खातिर) शामिल बा।