Jump to content

डीप लर्निंग

विकिपीडिया से

मशीन लर्निंग के छेत्र में डीप लर्निंग (DL) एगो अइसन तरीका हवे जे मल्टीलेयर्ड (कई ठे लेयर वाला) न्यूरल नेटवर्क के इस्तेमाल करके क्लासिफिकेशन, रिग्रेशन आ रिप्रेजेंटेशन लर्निंग जइसन काम करेला। ई क्षेत्र बायोलॉजिकल न्यूरोसाइंस से प्रेरणा लेला आ एकर मुख्य आधार आर्टिफिशियल न्यूरॉन के अलग-अलग लेयर में जोड़ के डेटा प्रोसेस करे खातिर “ट्रेन” कइल होला। मूल रूप से ई मशीन द्वारा गहिराई से कौनों पैटर्न के पहिचान करे खातिर इस्तमाल होखे ला।

“डीप” शब्द के मतलब नेटवर्क में कई गो लेयर के इस्तेमाल से बा; मने कि परत-दर-परत गहिराई में उतर के पैटर्न के चीन्हे के कोसिस कइल। ई लेयर तीन से लेके सैकड़न चाहे हजारन तक ले हो सके लीं। एह में इस्तेमाल होखे वाला तरीका सुपरवाइज्ड, सेमी-सुपरवाइज्ड चाहे अनसुपरवाइज्ड हो सके ला।