डिजिटल फुटप्रिंट
डिजिटल फुटप्रिंट (अंग्रेजी: Digital Footprint) भा डिजिटल शैडो से मतलब बा – इंटरनेट भा डिजिटल डिवाइस पर कवनो आदमी के पहचान बने वाला उ ट्रैसेबल (खोजे लायक) गतिविधि, काम, योगदान आ बातचीत।[1][2] ई डिजिटल चिन्ह कौनों आदमी, बिजनेस, संस्था चाहे कंपनी के भी हो सकेला।
डिजिटल फुटप्रिंट के दू हिस्सा में बाँटल जाला – पैसिव (Passive) फुटप्रिंट – जब यूजर कुछ जाने-अनजाने में करेला, जइसे वेबसाइट ब्राउज करे पर कुकीज सेव हो जाला; एक्टिव (Active) फुटप्रिंट – जब यूजर खुदे जानकारी साझा करेला, जइसे सोशल मीडिया पोस्ट, ब्लॉग लिखल, या फोरम में हिस्सा लिहल।
प्रभाव
[संपादन करीं]डिजिटल फुटप्रिंट के उपयोग के कुछ सकारात्मक आ कुछ नकारात्मक असर होला।
नकारात्मक असर
[संपादन करीं]प्राइवेसी (गोपनीयता) से जुड़ल समस्या हो सकेला। बिना इजाजत, लोग सर्च इंजन के मदद से किसी के निजी जानकारी खोज सकेला कंपनी सभ यूजर के ब्राउजिंग हिस्ट्री के आधार पर पर्सनल विज्ञापन देखावेला।
सकारात्मक असर
[संपादन करीं]कुछ लोग आपन डिजिटल पहचान से सोशल मीडिया इनफ्लुएंसर बन के कमाई करेला। नौकरी के समय, कंपनी लोग ऑनलाइन प्रोफाइल देख के कैंडिडेट के जांच करेला, जे सस्ता आ आसान तरीका ह। दू गो बराबर कैंडिडेट में जवन कैंडिडेट के डिजिटल फुटप्रिंट बढ़िया होखे, ओकरे के फायदा मिल सकेला।
आज के समय में जइसे-जइसे टेक्नोलॉजी बढ़ रहल बा, छोट-छोट लरिकनों के डिजिटल फुटप्रिंट बन रहल बा, जेकर असर कॉलेज एडमिशन तक ले हो सकेला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "What Is a Digital Footprint?". IBM. 7 Aug 2023. Retrieved 21 Apr 2025.
- ↑ Wilton, Robin; Richardson, Celia (18 Oct 2024). "Take a Step Towards Privacy: Understanding Digital Footprints". Internet Society. Retrieved 21 Apr 2025.
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |