Jump to content

डिजिटल पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर

विकिपीडिया से

डिजिटल पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर (अंग्रेजी: Digital public infrastructure) संछेप में डीपीआई (DPI), से मतलब अइसन डिजिटल सिस्टम आ प्लेटफॉर्म से बा, जे सर्विस उपलब्ध करावे, डेटा के लेन-देन के आसान बनावे आ अलग-अलग क्षेत्रन में डिजिटल प्रशासन (डिजिटल गवर्नेंस) के सहारा देवे के काम करत होखे।[1] डीपीआई में डिजिटल पहचान सिस्टम,[2] पेमेंट प्लेटफॉर्म[3] आ डाटा आदान-प्रदान खातिर बनावल गइल प्रोटोकॉल जइसन चीज शामिल हो सकेली।[4] एह सिस्टम सभ के अइसन ढंग से बनावल जाला कि ऊ बड़ पैमाना पर काम कर सके, एक-दूसरा के साथ मिल के काम कर सके आ सरकारी आ निजी दुनो क्षेत्रन खातिर आसानी से उपलब्ध होखे।[5] एह तरह के इंफ्रास्ट्रक्चर के मकसद सार्वजनिक सेवा (पब्लिक सर्विस), प्रशासन आ आर्थिक गतिविधियन के सुचारु रूप से चलावे में मदद कइल होला। डिजिटल इकोसिस्टम में एकरा के एगो बीच के परत (इंटरमीडिएट लेयर) के रूप में भी देखल जाला, जे अलग-अलग सार्वजनिक क्षेत्रन खातिर एप्लिकेशन विकसित करे के आधार उपलब्ध करावेला।[6]

डीपीआई के उदाहरणन में भारत के आधार डिजिटल पहचान सिस्टम, यूपीआई भुगतान प्रणाली आ इंडिया स्टैक डेटा आदान-प्रदान ढाँचा शामिल बाड़ें।[7] हालाँकि, एह सिस्टम सभ पर प्राइवेसी (गोपनीयता ) , अनिवार्य भागीदारी आ ऑथेंटिकेशन (प्रमाणीकरण ) में बिफलता के कारण कमजोर वर्ग के लोगन के कल्याणकारी लाभ से वंचित हो जाए के आरोपो लगावल गइल बा। डिजिटल पब्लिक इन्फ्रास्ट्रक्चर के एगो अउरी उदाहरण एस्टोनिया के एक्स-रोड (X-Road) प्रणाली हवे, जवन सरकारी डाटा आदान-प्रदान खातिर बनल एगो ओपन-सोर्स सिस्टम बा।[8] एही तरह जर्मन सोवरेन टेक फंड जइसन पहल सभ ओपन डिजिटल इन्फ्रास्ट्रक्चर के विकास खातिर आर्थिक सहायता उपलब्ध करावेलीं।[8]

  1. "What is DPI? | Centre for Digital Public Infrastructure". docs.cdpi.dev (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2024-12-13. Retrieved 2025-02-22.
  2. White, Olivia; Madgavkar, Anu; Manyika Mumbai, James; Mahajan, Deepa. "Digital ID: A key to inclusive growth | McKinsey". www.mckinsey.com. Archived from the original on 2025-02-27. Retrieved 2025-02-22.
  3. Clark, Julia Michal; Metz, Anna Zita; Casher, Claire Susan.ID4D Global Dataset 2021 : Volume 1 - Global ID Coverage Estimates (English). Washington, D.C. : World Bank Group.
  4. "Digital public infrastructure". UNDP (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-02-22.
  5. "Digital public infrastructure". UNDP (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-02-22.
  6. Marskell, Jonathan; Marin, Georgina; Varghese, Minita. "Digital Public Infrastructure: Transforming Service Delivery Across Sectors". World Bank. Archived from the original on 2024-05-16. Retrieved 2025-02-22.
  7. "Scale of digital public infrastructure staggering: UIDAI CEO Saurabh Garg". The Economic Times. 2023-02-24. ISSN 0013-0389. Retrieved 2025-02-22.
  8. 1 2 Krewer, Jan (March 13, 2024). "Signs of progress: Digital Public Infrastructure is gaining traction". Open Future CCBY (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-02-22.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • Digital public infrastructure, यूनाइटेड नेशंस डेवलपमेंट प्रोग्राम (UNDP) के वेबसाइट पर।