डिजिटल अरेस्ट
डिजिटल अरेस्ट घोटाला (अंग्रेजी: digital arrest scam) भा डिजिटल अरेस्ट एगो नया किसिम के साइबर ठगी आ साइबरक्राइम हवे, जवना में ठग लोग खुद के पुलिस, सीबीआइ, चाहे अउरी दूसर कवनो सरकारी एजेंसी के अधिकारी बता के कहेला कि राउर डिजिटल गतिविधि अपराध (क्राइम) से जुड़ल बा। फिर रउआँ के धमकी दे के, वीडियो कॉल पर “अरेस्ट” (मने की गिरफ्तार) के नाटक रच के, पइसा वसूलल जाला।[1][2]
तरीका
[संपादन करीं]ठग लोग पहले पीड़ित के मोबाइल नंबर पर कॉल करेला, आ खुद के पुलिस, सीबीआइ, चाहे अउरी अइसने कवनो दूसर सरकारी एजेंसी के अधिकारी, भा खुद के जज तक ले, बता के कहेला कि तहरा नाँव से ड्रग्स केस, मनी लॉन्डरिंग, भा दूसरा कवनो अपराध में संलिप्तता बा। फिर वीडियो कॉल पर नकली यूनिफॉर्म (वर्दी) पहिर के, पुलिस स्टेशन के सेटअप दिखा के, रउआँ से कहेला कि अगर तुरंत फाइन ना भरब त रउआँ के गिरफ्तार कर लिहल जाई। डर के माहौल बना के, ठग लोग रउआँ से ऑनलाइन पेमेंट करवा लेला।[2]
कानूनी स्थिति
[संपादन करीं]'डिजिटल अरेस्ट' के नाम से कवनो कानूनी प्रासेस भारत में मौजूद नइखे। पुलिस अधिकारी कबहिनों वीडियो कॉल पर गिरफ्तारी ना करेला, ना वॉयस या वीडियो कॉल पर बयान लेला, आ नाहिये ऑनलाइन पेमेंट के माँग करेला। अइसन कॉल आ डिमांड पूरा तरह से फर्जीये होखेला।[2] एह तरीका से ई पूरा तरीका से साइबर फ्रॉड (साइबर फर्जीवाड़ा भा स्कैम) ह।
सावधानी के उपाय
[संपादन करीं]कबहियों अनजान नंबर से आवे वाला कॉल पर निजी जानकारी या बैंक डिटेल्स साझा ना करीं। अगर कवनो व्यक्ति खुद के सरकारी अधिकारी बता के डेरवावे, त तुरंते कॉल काट दीं आ नजदीकी पुलिस इस्टेशन में संपर्क करीं। सरकारी एजेंसी सभ कबहिनो वीडियो कॉल पर गिरफ्तारी या पेमेंट के मांग ना करेलीं। भारत में, साइबरक्राइम के शिकायत खातिर cybercrime.gov.in पर रपट लिखावल जा सके ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "What are 'digital arrest' scams? Why do many Indians fall for them?". The Indian Express.
- ↑ 2.0 2.1 2.2 "DSP ने वकील से पूछा- 'डिजिटल अरेस्ट' किस धारा में किया जाता है? सही जवाब देने पर ₹500 इनाम दूंगा". आज तक (Hindi में). 24 Dec 2024. Retrieved 21 Apr 2025.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- साइबर क्राइम के रपट लिखावे खातिर भारत में वेबसाइट Archived 2020-12-24 at the Wayback Machine
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |